सवाना
खुला जंगल आ घास के मैदान वाला इकोसिस्टम / From Wikipedia, the free encyclopedia
सवाना (अंग्रेजी: savanna चाहे savannah) घास के मैदान होलें जिनहन में छिटपुट बड़हन पेड़ भी पावल जालें।[1] अइसन खुला जंगली इलाका जहाँ पेड़ अतना दूर-दूर होखें की कैनोपी खुला होखे आ नीचे घास के परत होखे।[2][3][4] ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया के हिसाब से अइसन गरम जलवायु वाला इलाका सभ के सवाना कहल जाला जहाँ एगो लमहर सूखा सीजन भी होखे आ एकरे चलते घन बन के बजाय खुला जंगल (वुडलैंड) होखे जिनहन में बड़हन पेड़ दूर-दूर होखें आ जमीन पर ऊँच घास के मैदान होखे।[5] हालाँकि, कुछ परिभाषा सभ में ई खाली गरम भा उष्णकटिबंधी क्षेत्र के अइसन घासभूमि भर खातिर ना बलुक कौनों अइसन घासभूमि खातिर इस्तेमाल कइल गइल बाटे। एह तरीका से अइसन टेम्परेट घासभूमि सभ के भी टेम्परेट सवाना कहल जा सके ला जहाँ घास के साथे साथ छिटपुट बड़ पेड़ भी होखत होखें।[6][7]
सवाना घास के मैदान सभ के नाँव पर सवाना जलवायु के नाँव भी पड़ल हवे; खासतौर से कोपेन के जलवायु वर्गीकरण सिस्टम में Aw आ As किसिम के जलवायु के उष्णकटिबंधी सवाना भा ट्रॉपिकल सवाना जलवायु कहल जाला।