![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/1c/Srimad_Rajcandra.jpg/640px-Srimad_Rajcandra.jpg&w=640&q=50)
सत्याग्रह
From Wikipedia, the free encyclopedia
सत्याग्रह, मने कि सत्य खातिर आग्रह, सचाई पर मजबूत तरीका से अटल रहल, या सच के ताकत[2] – एक किसिम के बिरोध आ प्रतिरोध के तरीका हऽ जेह में हिंसा के बिना, नागरिक प्रतिरोध कइल जाला। ई ह्रदय परिवर्तन के हथियार हवे।[3][4]
![पद्मासन में बइठल बहुत दुब्बर संत जेकर ऊपरी हिस्सा उघार बा आ पसली लउकत बा](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/1c/Srimad_Rajcandra.jpg/320px-Srimad_Rajcandra.jpg)
सत्याग्रह एगो साधन हवे, ई एगो अहिंसक साधन हऽ आ एकर आधार प्रेम आ सद्भावना हऽ, सत्याग्रह खातिर निर्भीकता जरूरी होला आ एह तरीका से एक किसिम के आत्मशक्ति हवे।[5]