श्रुति हासन
भारतीय ऐक्ट्रेस / From Wikipedia, the free encyclopedia
श्रुति हासन एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस आ प्लेबैक सिंगर बाड़ी। श्रुति हासन के तेलुगु सिनेमा, तमिल सिनेमा आ हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर जानल जाला। हासन परिवार में जनमल ऊ अभिनेता-फिल्म निर्माता कमल हासन आ अभिनेत्री सारिका ठाकुर के बेटी हई।
श्रुति हासन | |
---|---|
Born | श्रुति हासन (1986-01-28) 28 जनवरी 1986 (उमिर 38)[1] |
Nationality | भारतीय |
Occupations |
|
Years active | 2000–present |
Parents | कमल हासन सारिका ठाकुर |
Relatives | अक्षरा हसन (छोट बहिन) |
बाल कलाकार के रूप में ऊ फिलिमन में गीत गावत रहली आ हिंदी फिलिम लक (2009) से अभिनय के शुरुआत करे से पहिले अपना पिता के निर्देशन हे राम (2000) में मेहमान भूमिका कइली बाकी 2011 में तेलुगु फिलिम ओह माई फ्रेंड आ अनागनागा ओ धीरुडू से आ तमिल साइंस फिक्शन एक्शनर 7aum Arivu से इनका के मान्यता मिलल। हासन दक्खिन भारतीय सिनेमा में सफल तेलुगु फिलिम गब्बर सिंह (2012), बालुपु (2013), येवडू (2014), रेस गुरम (2014), श्रीमंथुडू (2015), प्रेमम (2016), क्राक (2021), वकील साब (2021) के साथ स्थापित भइली आ तमिल फिलिम वेदलम (2015) आ सी3 (2017) इनके फिलिम बाड़ी स। इनके हिंदी फिलिम सभ में डी-डे (2013), रमैया वस्तावैया (2013), गब्बर इज बैक (2015) आ वेलकम बैक (2015) सामिल बाड़ी स।