![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e7/Sridevi.jpg/640px-Sridevi.jpg&w=640&q=50)
श्रीदेवी
From Wikipedia, the free encyclopedia
श्रीदेवी कपूर (जनमनाँव श्री अम्मा यांगर अय्यपन; 13 अगस्त 1963 – 24 फरवरी 2018) भारतीय सिनेमा के एगो ऐक्ट्रेस रहली। आप कैरियर के सुरुआत तमिल सिनेमा से करे वाली श्रीदेवी, बाद में तेलुगु, मलयालम आ हिंदी सिनेमा में काम कइली; सभसे ढेर परसिद्धि इनके हिंदी सिनेमा (बॉलीवुड) में इनके ऐक्ट्रेस के रूप में काम के मिलल। बाद में ई कई गो फिलिम भी प्रोड्यूस कइली।
Quick Facts श्रीदेवी कपूर, जनम ...
श्रीदेवी कपूर | |
---|---|
![]() 2013 में श्रीदेवी, तनिष्क के परचार करत | |
जनम | श्री अम्मा यांगर अय्यपन 13 अगस्त 1963 शिवकाशी, मद्रास स्टेट, भारत |
निधन | फरवरी 24, 2018(2018-02-24) (उमिर 54) दुबई, यूनाइटेड अरब अमीरत |
मौत के वजह | हार्ट फेल |
पेशा | ऐक्ट्रेस, प्रोड्यूसर |
सक्रियता साल | 1967–1997, 2012–2018 |
संतान | 2 |
सम्मान/पुरस्कार | पद्म श्री (2013) |
Close
श्रीदेवी के हिंदी सिनेमा के पहिली औरत "सुपरस्टार" के रूप में पर्सिद्धी मिलल। इनके कुल छह गो फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। 90 के दशक में ई सभसे ढेर रकम फीस के रूप में लेवे वाली हिरोइन रहली आ ओह जमाना में सभसे परसिद्ध फिलिम ऐक्ट्रेस भी रहली। भारत सरकार द्वारा इनके काम खाती पद्मश्री अवार्ड दिहल गइल।[1]
24 फरवरी के, दुबई में हार्ट फेल (कार्डियक अरेस्ट) से इनके निधन भ गइल।[2][3]