इंडो-यूरोपियन भाषा From Wikipedia, the free encyclopedia
लैटिन (अंग्रेजी: Latin) इंडो-यूरोपी भाषा सभ के इटैलियन शाखा के एगो प्राचीन भाषा हवे। ई शास्त्रीय भाषा (क्लासिकल लैंगुएज) हवे। लैटिन लिखाई के अच्छर सभ एट्रूस्कन (Etruscan) आ यूनानी अच्छर सभ से बनल हवें जिनहन के मूल फोनेशियन अच्छर हवें।
लैटिन | |
---|---|
Lingua latīna | |
उच्चारण | [laˈtiːna] |
मूलभाषा बाटे |
|
नृजातीयता | लैटिन |
इंडो-यूरोपियन
| |
लैटिन अच्छर | |
भाषा कोड | |
ISO 639-1 | la |
ISO 639-2 | lat |
ISO 639-3 | lat |
Glottolog | lati1261 [1] |
Linguasphere | 51-AAB-a |
रोमन साम्राज्य के सभसे ब्यापक बिस्तार (c. 117 AD) वाला इलाका जे लैटिन बोले वाला लोग के शासन में रहल; कई ठे लोकल भाषा भी एह इलाकन में बोलल जाँय | |
लैटिन से उपजल आधुनिक रोमांस भाषा सभ के यूरोप में बिस्तार | |
मूल रूप से ई भाषा इटली के प्रायदीप के लैटियम में बोलल जाय। रोमन रिपब्लिक के भाषा के रूप में ई मजबूत भइल आ पहिले इटली में आ अंत में पूरा रोमन साम्राज्य में प्रभुत्वशाली भाषा बन गइल। देहाती लैटिन (Vulgar Latin) से रोमांस भाषा सभ के बिकास भइल जेह में इटैलियन, पुर्तगाली, फ्रांसीसी, आ रोमानियाई नियर भाषा वर्तमान में मौजूद बाड़ी स। लैटिन आ फ्रांसीसी के बहुत सारा शब्द अंग्रेजी में भी चहुँपल बाने आ वर्तमान में भी यूरोपीय धरमशास्त्र में, जीवबिज्ञान में आ यूरोपीय चिकित्सा बिज्ञान में लैटिन आ ग्रीक मूल धातु सभ से शब्द बनावल गइल बाने।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.