लाहौर
From Wikipedia, the free encyclopedia
लाहौर (पंजाबी: لہور; उर्दू: لاہور) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के राजधानी हवे। जनसंख्या के हिसाब से ई कराची के बाद पाकिस्तान के दुसरका सभसे बड़हन शहर हवे।[3] पाकिस्तानी पंजाब के उत्तरी-पूरबी हिस्सा में, भारत देस के पंजाब प्रांत के सीमा के लगहीं ई शहर बसल बाटे। लाहौर के गिनती दुनिया के बीटा-सिटी सभ में होला,[4] आ ई पाकिस्तान के सभसे धनी शहर सभ में आवे ला जहाँ के जीडीपी 2014 के अनुमान $58.14 बिलियन (PPP पर) रहल।[5]
लाहौर | |
---|---|
Nicknames: लिस्ट
| |
Coordinates: 31°32′59″N 74°20′37″E | |
देस | पाकिस्तान |
प्रांत | पंजाब |
जिला | लाहौर |
मेट्रो शहर | 2013 |
Area | |
• Total | 550 किमी2 (210 बर्ग मील) |
Elevation | 217 m (712 ft) |
Population (2017)[3] | |
• Total | 11,126,285 |
• Density | 202,048/किमी2 (523,300/बर्ग मील) |
Time zone | UTC+5 (पीकेटी) |
डाक कोड | 54000 |
फोन कोड | 042 |
लाहौर के पंजाब क्षेत्र के सांकृतिक राजधानी के रूप में जानल जाला,[6][7][8] आ दुनिया के सभसे बड़हन पंजाबी शहर हवे।[9] शहर के लमहर इतिहास बा आ ई हिंदू शाही, गजनवी, गोरी आ दिल्ली सल्तनत के शासन में रहल बा। मुगल काल में ई अपना चरम पर चहुँपल आ कई बरिस ले राजधानी भी रहल। एकरे बाद एह पर नादिर शाह के कब्जा हो गइल। कई ताकतन के बीच में संघर्ष जारी रहल आ ई शहर सिख साम्राज्य के राजधानी भी बनल। अंग्रेजी राज में ई पंजाब प्रांत के राजधानी बनावल गइल।[10] भारत आ पाकिस्तान के आजादी के लड़ाई में लाहौर शहर एगो प्रमुख केंद्र रहल आ पाकिस्तान के अलगा देस बनावे के प्रस्ताव लाहौरे में पास कइल गइल रहल। 1947 में पाकिस्तान बने के बाद लाहौर के पाकिस्तानी पंजाब के राजधानी बनावल गइल।