![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/2/2b/Side_view_of_Lauriya_Nandangarh_Ashoka_Pillar.jpg/640px-Side_view_of_Lauriya_Nandangarh_Ashoka_Pillar.jpg&w=640&q=50)
लउरिया नंदनगढ़
From Wikipedia, the free encyclopedia
लउरिया नंदनगढ़ भा लौरिया नंदनगढ़ भारतीय राज्य बिहार के पच्छिम चंपारन जिला में एगो छोट शहर बा। बूढ़ी गंडक नदी के बायें तीरे पर स्थित ई शहर भा कस्बा अपना इतिहासी महत्व खाती जानल जाला आ इहाँ सम्राट अशोक के लगवावल खम्हा (अशोक स्तंभ) बाटे[1] आ एगो बौद्ध स्तूप भी बा। ई कस्बा, बेतिया से बगहा जाए वाली सड़क पर उत्तर-पच्छिम दिसा में पड़े ला आ इहाँ से लगभग 14 किलोमीटर उत्तर ओर सभसे नजदीकी रेलवे टीशन नरकटियागंज में बा।
Quick Facts लउरिया नंदनगढ़ लौरिया नंदनगढ़, देस ...
लउरिया नंदनगढ़
लौरिया नंदनगढ़ | |
---|---|
कस्बा | |
![]() अशोक के सिंह स्तंभ | |
Nickname: लउरिया | |
Coordinates: 26°59′0″N 84°24′0″E | |
देस | ![]() |
राज्य | बिहार |
जिला | पच्छिम चंपारन |
भाषा | |
• ऑफिशियल | हिंदी भाषा |
• लोकल | भोजपुरी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 845453 |
नजदीकी शहर | नरकटियागंज आ बेतिया |
Close
एह जगह के नाँव एही दुन्नो इतिहासी चीज के नाँव पर पड़ल हवे। लोकल भाषा भोजपुरी में लउर के मतलब लाठी होला जे एह खम्हा (पिलर) के कारन आ स्तूप के नाँव नंदन गढ़ होखे के कारन दुनों के मिला के पड़ल हवे।