यूनाइटेड नेशंस जलवायु बदलाव सम्मलेन
From Wikipedia, the free encyclopedia
यूनाइटेड नेशंस जलवायु बदलाव कान्फ्रेंस या अनौपचारिक रूप से विश्व जलवायु सम्मलेन सालाना आयोजित होखे वाली कान्फ्रेंस हवे जे यूनाइटेड नेशंस के द्वारा जलवायु बदलाव के मुद्दा पर आयोजित कइल जाला। ई यूएनऍफ़सीसी के तहत आयोजित होखे लीं आ जलवायु परिवर्तन से जुड़ल चीजन के समीक्षा करे खाती सदस्य पार्टी सभ (जिन्हन के कान्फ्रेंस ऑफ पार्टीज - COP कहल जाला) के आपस में बात-बिचार के आदान-प्रदान के अवसर उपलब्ध करावे लीं।
पहिला अइसन सम्मेलन जर्मनी के बर्लिन शहर में 1995 में भइल रहे। सभसे हालिया सम्मलेन (COP-22) मराकेश में आयोजित भइल रहे आ अगिला जर्मनी के बॉन शहर में आयोजित होखे वाला बा।[1]