मैदान
सपाट भूगोलीय इलाका / From Wikipedia, the free encyclopedia
मैदान जमीन के अइसन हिस्सा होला जहाँ बहुत ऊँचाई-निचाई के बदलाव न होखे आ सपाट, चाहे लगभग सपाट, सतह होखे। मैदान आमतौर पर निचली घाटी सभ में, पहाड़ के तलहटी में, समुंद्र किनारे के हिस्सा में, भा बिस्तृत पठार के ऊपरी हिस्सा पर पावल जालें।
भूगोल के शाखा भूआकृति बिज्ञान में मैदान के दुसरे क्रम के थलरूप में रखल जाला जेह में एकरे अलावा पहाड़ आ पठार वगैरह आवे लें। एकरे अलावा इनहन के वर्गीकरण उत्पत्ति के आधार पर चाहे लोकेशन के आधार पर कइल जाला। मैदानी इलाका प्राचीन काल से जनसंख्या के बसाव के इलाका रहल हवें जहाँ भी जलवायु बढ़ियां होखे। एही कारन बिस्व के कई मैदानी हिस्सा सभ में जनसंख्या घन पावल जाले। एकरे पाछे मूल कारण खेती खातिर भरपूर आ सपाट-समतल जमीन के उपलब्ध होखल, मवेशी सभ खाती चरहा के सुबिधा वगैरह गिनावल जा सके ला। एह इलाका में रेल, सड़क वगैरह के निर्माण भी आसान होला जेवना कारन आवागमन के बेहतर सुबिधा रहे ले।