महामृत्युंजय मंत्र
ऋग्वेद के ऋचा आ हिंदू धर्म में एगो प्रमुख मंतर / From Wikipedia, the free encyclopedia
महामृत्युंजय मंत्र (अंग्रेजी: महामृत्युञ्जयमन्त्रः; अरथ: 'मउअत पर बिजय करे वाला महा मंतर') चाहे रुद्र मंत्र भा त्र्यंबक मंत्र, एगो वैदिक मंत्र ह। ई ऋग्वेद के ऋचा हवे आ ओहिजे सातवाँ मंडल में (ऋक् 7.59.12) आइल बाटे। ई ऋचा त्रयंबक के संबोधित बा जिनका के शैव मत में शिव के रूप में चिन्हित कइल जाला। एकरा अलावे ई यजुर्वेद के तैत्तिरीय संहिता में आवे ला (यजु. तैत्त. 1.8.6)।[1][2][3] VS 3.60[4])