![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/a6/India_film_clapperboard_%2528variant%2529.svg/langbh-640px-India_film_clapperboard_%2528variant%2529.svg.png&w=640&q=50)
भारतीय सिनेमा
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय सिनेमा या भारत क सिनेमा भरत मे प्रोड्यूस होखे वाली फिलिम कुल के सामूहिक रूप से कहल जाला।[6] भारत में सिनेमा के बहुत जोर बा आ इहाँ भारतीय भाषा सभ में सालाना 1600 तक ले फिलिम सब के निर्माण हो जाला।[7] भारतीय फिलिम सभ के दर्शक भारत की अलावे अउरी कई देसन में बाड़ें आ ई सम्पूर्ण दक्खिन एशिया, ग्रेटर मिडिल ईस्ट आ दक्खिनपूर्ब एशिया में देखल जालीं। दादा साहेब फाल्के के भारतीय सिनेमा के पिता मानल जाला।[8][9][10][11] 1969 में भारत सरकार उनके सम्मान में दादा साहेब फाल्के सम्मान के स्थापना कइलस, जे सिनेमा जगत में जीवन भर के उपलब्धि खातिर दिहल जाला आ भारतीय सिनेमा के सबसे प्रतिष्ठित अवार्ड मानल जाला।[12]
भारतीय सिनेमा | |
---|---|
![]() | |
Number of screens | 12,000 single screens (2013) 1200 multiplex screens (2013)[1] |
• Per capita | 0.9 per 100,000 (2010)[2] |
Produced feature films (2014)[3] | |
Total | 1,969 |
Number of admissions (2015)[4] | |
Total | 52,000,000,000 |
Gross box office (2015)[5] | |
Total | US$1.6 billion |
बीसवीं सदी में, भारतीय सिनेमा, हॉलीवुड आ चीनी फिलिम इंडस्ट्री के साथ, एक ठो ग्लोबल इंडस्ट्री बन चुकल बाटे।[13] साल 2013 के आंकड़ा देखल जाय त भारतीय सिनेमा सभसे ढेर संख्या में फिलिम निर्माण करे वाला इंडस्ट्री बाटे आ एकरे ठीक नीचे नौलिवुड,[14] हॉलीवुड आ चीन बाड़ें।[15] साल 2012 में भारत में 1,202 गो फिलिम बनलीं।