बौद्ध धर्म
𑂡𑂩𑂧 / From Wikipedia, the free encyclopedia
बौद्ध धर्म एगो प्रमुख धर्म बाटे जवन गौतम बुद्ध के शिक्षा पर आधारित दर्शन आ जीवन शैली के अनुपालन करे ला। ई उत्तर भारत आ नेपाल के इलाका में पैदा भइल धर्म हवे जहाँ इतिहास के अनुसार गौतम बुद्ध छठवीं से चउथी सदी ईसा पूर्व के बीच में कौनों समय मगध राज में रहलें।
वर्तमान समय में ई धर्म भारतीय उपमहादीप, पूर्ब एशिया आ दक्खिन पूर्ब एशिया में प्रमुख रूप से बिस्तार लिहले बाटे। एकरे माने वाला लोग के संख्या के हिसाब से ई दुनिया के चउथा सभसे बड़ा धर्म बाटे।