![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8a/Canna_sp.jpg/640px-Canna_sp.jpg&w=640&q=50)
बैजंती
From Wikipedia, the free encyclopedia
बैजंती या बैजयंती फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति बा जवना में 19 गो प्रजाति शामिल बाड़ी।[2][3][4] ई जाति के पौधन के नजदीकी संबंध जिंजीबेरल्स कुल के पौधा सभ से बाटे जवना में आदी (अदरक), हल्दी, केला वगैरह के पौधा आवेलें।[5]
बैजंती Cana | |
---|---|
![]() | |
एगो हाइब्रिड बैजंती के फूल आ पत्ता | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | प्लांटाई |
(बिना रैंक कइल): | एंजियोस्पर्म |
(बिना रैंक कइल): | Monocots |
(बिना रैंक कइल): | en:Commelinids |
ऑर्डर (Order): | en:Zingiberales |
परिवार: | कानानाइ Juss.[1] |
जाति (Genus): | काना लि॰ |
प्रजाति | |
19 गो प्रजाति के लिस्ट अंग्रेजी में देखल जाय: List of Canna species |
जीव बिग्यान में एह जाति के काना (Cana) कहल जाला आ ई कानाकाई (Cannaceae) परिवार के अकेल जाति समूह हवे। एह जाति के पौधा सभ के पत्ता आ फूल सुंदरता खातिर जानल जालें आ एही खातिर लोग इनहन के सजावटी पौधा के रूप में लगावे ला। एकर फूल नारंगी या लाल रंग के टोन में होखे लें आ चमकदार रंगत वाला होलें। गाँव देहात में ई पौधा अक्सर पानी एकट्ठा होखे वाली जगह पर अपने आप पनप के झांग नियर हो जाला। शहरन में एकर सजावटी पौधा के रूप में घर से ले के पार्क आ गार्डेन सभ में ब्यापक इस्तेमाल होला।
सुंदरता के आलावा ई पौधा के खेती होला। कारण की ई स्टार्च (मंड) के बहुत धनी स्रोत बाटे।
भूगोलीय रूप से ई उष्णकटिबंधीय पौधा हवे आ गरम आ नमी वाला इलाका में मिले ला। हालँकि, ई समशीतोष्ण इलाका में भी उगावल जाला जहाँ गर्मी में 6-8 घंटा ले घाम मिल जाय। जाड़ा मे इन्हन के गर्म जगह पर ले जाए के परे ला।