From Wikipedia, the free encyclopedia
फेदचेंको ग्लेशियर (अंग्रेजी: Fedchenko Glacier) पामीर परबत के याज़गुलेम श्रेणी में एगो ग्लेशियर बाटे। राजनीतिक रूप से ई ताजिकिस्तान देश के गोर्नो-बदख्शां प्रांत में पड़े ला। एह ग्लेशियर के लंबाई 77 किलोमीटर (48 मील) बाटे आ ई कुल 700 वर्ग किलोमीटर (7.5×109 वर्ग फु) रकबा पर बिस्तार लिहले बा। ध्रुवीय क्षेत्र से बहरें मौजूद ग्लेशियर सभ, जिनहन के अल्पाइन ग्लेशियर कहल जाला, उनहन में ई दुनियाँ के सभसे लमहर ग्लेशियर हवे।[1] जहाँ एकर मोटाई सभसे बेसी बा, ओहिजा ई 1,000 मीटर (3,300 फीट) मोट बाटे, आ एह ग्लेशियर आ एकरे दर्जनन सहायक ग्लेशियर सभ के आयतन देखल जाय तब ऊ 144 किलोघन मीटर (5.1×1012 घन फुट) बाटे जे इरी झील के कुल आयतन के लगभग तिसरा हिस्सा के बाराबर पड़ी।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.