प्राणहिता नदी
दक्खिन भारत में एगो नदी, गोदावरी के प्रमुख सहायिका / From Wikipedia, the free encyclopedia
प्राणहिता नदी दक्खिन भारत के एगो प्रमुख नदी हवे आ गोदावरी नदी के सभसे प्रमुख सहायिका नदी हवे। एह नदी के थाला पूरा गोदावरी नदी थाला के लगभग 34 % हिस्सा कभर करे ला।[4][5] नदी थाला महाराष्ट्र आ तेलंगाना राज्यन में बिस्तार लिहले बा आ रकबा में ई 109,078 वर्ग किलोमीटर के बाटे। एह तरीका से ई थाला के बिस्तार के मामिला में भारत के सातवीं सभसे बड़ नदी हवे[6] आ नर्मदा आ कावेरी नियर प्रमुख नदिन के तुलना में एकर थाला बड़ साबित होखे ला।
Quick Facts प्राणहिता नदी, लोकेशन ...
प्राणहिता नदी | |
---|---|
लोकेशन | |
देस | भारत |
राज्य | महाराष्ट्र, तेलंगाना |
जिला | गढ़चिरौली जिला, आदिलाबाद जिला |
शहर | सिरपुर |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | वर्धा आ वेनगंगा के संगम |
- location | कोटाला,[1] महाराष्ट्र, भारत |
- coordinates | 19°35′24″N 79°47′59″E |
- elevation | 146 मी (479 फीट) |
मुहाना | गोदावरी नदी |
- location | कालेश्वरम, तेलंगाना |
- coordinates | 18°49′30″N 79°54′36″E |
- elevation | 107 मी (351 फीट) |
लंबाई | 113 किमी (70 मील) |
थाला के साइज | 109,078 किमी2 (1.17411×1012 वर्ग फु) |
थाला लच्छन | |
सहायिका | |
- left | दीना नदी[2] |
- right | नागुल्वागु नदी, पेद्दावागु नदी[3] |
Close
नदी के सुरुआत वर्धा नदी आ वेनगंगा नदी के संगम के बाद से होखे ला आ बस 113 किलोमीटर के लंबाई के ई नदी महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला आ तेलंगाना के आदिलाबाद जिला के सीमा के सहारे बहे के बाद कालेश्वरम में गोदावरी नदी में मिल जाले।