पर्यावरणवाद
ब्यापक दर्शन, बिचारधारा आ सामाजिक आंदोलन जे पर्यावरणी बेहतरी खातिर होखे / From Wikipedia, the free encyclopedia
पर्यावरणवाद एक तरह के दर्शन, बिचारधारा आ सामाजिक आंदोलन ह जे पर्यावरण के सुरक्षा खातिर आ एकर मूल रूप बचावे खातिर बा। ई एक तरह के सामाजिक आ पर्यावरणी आंदोलन हवे जवना के तहत पर्यावरणी मुद्दा सभ के साथ निपटे बदे जागरुकता, शिक्षा आ सामाजिक सक्रियता बढ़ावे खातिर काम कइल जाला।[1]
पर्यावरणवाद के बिपरीत एक तरह के एन्टी-पर्यावरणवाद के बिचारधारा भी बा जेकर समर्थक लो एह बात के वकालत करे ला कि पृथ्वी एतना अबर आ भंगुर नइखे, पर्यावरणवादी लोग मनुष्य के परभाव के बढ़ा-चढ़ा के प्रस्तुत करे ला आ मानव के प्रगति में बाधक बन रहल बा।[2]