पनामा नहर
पनामा देस में बड़हन जहाजी नहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
पनामा नहर (अंग्रेजी: Panama Canal) उत्तर आ दक्खिन अमेरिका के जोड़े वाला थलजोड़, पनामा, जे एही नाँव के देस पनामा में बाटे, एगो पानी की जहाज वाली नहर हवे आ ई प्रशांत महासागर आ अटलांटिक महासागर के जोड़ेले। एकर कुल लंबाई 77.1 किमी हवे आ एम्मे तीन गो थाला बनल बाड़ें जिनहन में पानी भर के जहाजन के ऊपर उठावल जाला तब जाके ऊ ए नहर के पार कइ पावेलन। ई नहर गाटुम झील से होके गुजरेले। अमेरिका की पूर्वी आ पश्चिमी तट की बीच क दूरी ए नहर की बन गइला से लगभग 8000 मील (12,875 कि॰मी॰) घट गइल नाहीं त एकरी ना रहला पर जहाजन के दक्षिण अमेरिका के हॉर्न अंतरीप से होकर चक्कर लगा के जाए के पड़त रहे।
एकर निर्माण क काम 14 अगस्त 1914 के पूरा भइल रहे आ 15 अगस्त 1914 के ई जहाज आवे-जाए खातिर खोलल गइल ए तरे ई 15 अगस्त, 2014 के आपन 100वाँ जन्मदिन मनवलस।[1]
जब ई नहर बनल रहे तब एसे लगभग 1000 जहाज हर बरिस गुजरें स बाकी अब सौ बरिस बाद इनहन क संख्या लगभग 42 जहाज रोज़ हो चुकल बाटे। ई नहर अपने आप में इंजीनियरी क एगो गजबे नमूना हवे। ई ताजा पानी की गाटुन झील से हो के गुजरे ले आ काहें से की ए झील क जलस्तर समुद्रतल से 26 मीटर ऊपर हवे, एम्में जहाजन के घुसे आ निकाले खातिर तीन गो थाला (लॉक्स) बनावल बा जिनहन में जहाज के घुसा के फिर पानी भरल जाला आ जहाज ऊपर उठी जाला। तब जा के ई जहाज गाटुन झील से हो के गुजार पावे लें।
एह थाला (लॉक्स) क वर्तमान चौड़ाई 35 मीटर बा जेवन आजकाल की बड़का जहाजन खातिर पर्याप्त नइखे। एही से एकरी विस्तार क प्रोजेक्ट चलत बाटे जेवना के 2015 ले पूरा होखले क उम्मीद बाटे।
पनामा नहर के अमेरिकन सोसायटी ऑफ सिविल इंजीनियर्स (American Society of Civil Engineers) क लोग पुरा दुनिया की आधुनिक इंजीनियरी की सात गो आश्चर्य में अस्थान दिहले बा लोग।[2]