जस्टिस पार्टी (भारत)
From Wikipedia, the free encyclopedia
जस्टिस पार्टी, अधिकारिक तौर पर दक्षिण भारतीय उदार महासंघ, ब्रिटिश भारत के मद्रास प्रेसीडेंसी में एगो राजनीतिक पार्टी रहल। एकर स्थापना 20 नवंबर 1916 के मद्रास में विक्टोरिया पब्लिक हॉल में भयल रहे। एकर संस्थापक डॉ. सी. नतेसा मुदलियार, सह-संस्थापक टी. एम. नायर, त्यागराज चेट्टी आऊर अलामेलु मंगई थायरम्मल रहले। ई पार्टी प्रेसीडेंसी में गैर-ब्राह्मण सम्मेलन आऊर बइठक क परिणाम रहे। ई एगो जाति आधारित आंदोलन के मैनेज करे खातिर बनावल गइल संगठन रहल जवन बीसवीं सदी के सुरुआत में उभरल। ई पार्टी ओ समय भारत में जाति पूर्वाग्रह आऊर सरकारी नौकरी में ब्राह्मण के अनुपातहीन प्रतिनिधित्व के कारण प्रेसीडेंसी में ब्राह्मण आऊर गैर-ब्राह्मण लोग के बीच सांप्रदायिक बिभाजन से शुरू भइल। एके द्रविड़ आंदोलन के सुरुआत के रूप में भी देखल जाला।[2][3][4][5]
जस्टिस पार्टी | |
---|---|
नेता | सी. नतेसा मुदलियार |
अध्यक्ष | त्यागराज चेट्टी
पी. टी. राजन |
जनरल सेक्रेटरी | आर्कोट रामासामी मुदलियार[1] |
संस्थापक | सी. नतेसा मुदलियार टी. एम. नायर त्यागराज चेट्टी |
स्थापित | 1917 |
निरस्त | 27 अगस्त 1944 |
पहिले रहल | मद्रास द्रविड़ संघ |
एकरे बाद | द्रविड़ कझगम |
मुख्यालय | मद्रास |
अखबार | जस्टिस द्रविड़ आन्ध्रा प्रकाशिका पी. बालासुब्रमण्यम मुदलियार क संडे आब्जर्वर |
बिचारधारा | समाजवाद अब्राह्मणवाद |