![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/ac/Gurudwara_Sis_Ganj_Sahib%252C_Delhi.jpg/640px-Gurudwara_Sis_Ganj_Sahib%252C_Delhi.jpg&w=640&q=50)
गुरुद्वारा शीशगंज साहिब
दिल्ली में एगो गुरुद्वारा, एहिजे 9वाँ गुरु तेग बहादुर शहीद भइलें, गुरुद्वारा 1783 में बनल / From Wikipedia, the free encyclopedia
गुरुद्वारा शीश गंज साहिब भारत के राजधानी दिल्ली में चाँदनी चौक इलाका में एगो परसिद्ध गुरुद्वारा बाटे। ई इतिहासी गुरुद्वारा ओह अस्थान के निशानी बाटे जहाँ 11 नवंबर 1675 के बादशाह औरंगजेब, नउवाँ सिख गुरू तेग बहादुर के इस्लाम ना स्वीकार करे खातिर मरवा दिहले रहलें।[1] एकर अस्थापना 1783 में बघेल सिंह द्वारा कइल गइल। बघेल सिंह शाह आलम दूसरा के समय में दिल्ली पर सेना ले के चढ़ाई कइलें आ लाल किला के दीवाने आम पर कब्ज़ा कर लिहलें। एकरे बाद भइल समझौता के बाद ऊ दिल्ली में गुरु तेग बहादुर के निशानी के रूप में ई गुरुद्वारा बनववलें।
Quick Facts गुरुद्वारा शीशगंज साहिब, बेसिक जानकारी ...
गुरुद्वारा शीशगंज साहिब | |
---|---|
![]() गुरुद्वारा के भवन | |
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | चाँदनी चौक, दिल्ली, भारत |
अक्षांस-देशांतर | 28.6558°N 77.2325°E / 28.6558; 77.2325 |
धर्म/मत | सिख धर्म |
देस | भारत |
साल | 1930 |
Founder | बघेल सिंह |
Close
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/00/Gurdwara_sis_ganj.jpg/640px-Gurdwara_sis_ganj.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f7/Interior-view-Gurudwara-Sis-Ganj-Sahib-Night-View.jpg/640px-Interior-view-Gurudwara-Sis-Ganj-Sahib-Night-View.jpg)
एकर वर्तमान बिल्डिंग सन् 1930 में बनल।