![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/4d/Constitution_of_India.jpg/640px-Constitution_of_India.jpg&w=640&q=50)
गणतंत्र दिवस (भारत)
भारत में राष्ट्रीय परब / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत क गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के मनावल जाये वाला एगो राष्ट्रीय तिहुआर हवे। आजाद भारत क संविधान एही दिन सन् 1950 से लागू भइल।[1][2] एह दिन भारत के राष्ट्रपति दिल्ली में लाल किला पर झंडा फहरावे लें आ परेड के सलामी लेलन।
Quick Facts गणतंत्र दिवस, मनावे वाला ...
गणतंत्र दिवस | |
---|---|
![]() भारत के संबिधान के ओरिजनल प्रस्तावना, संबिधान सन 26 जनवरी 1950 (1950-01-26) से लागू भइल | |
मनावे वाला | भारत |
प्रकार | राष्ट्रीय |
मनावे के तरीका | झंडा फहरावल, परेड, मिठाई बाँटल आ सांस्कृतिक कार्यक्रम। |
समय | 26 जनवरी |
Close
भारत 15 अगस्त सन् 1947 के आजाद भइल आ एकर संविधान 26 जनवरी 1950 से लागू भइल जेवन भारत सरकार अधिनियम (1935) के अस्थान लिहलस आ एही की संघे भारत क एगो आजाद गणतंत्र की रूप में अस्थापना पूरा भइल। 26 जनवरी के तारिख चुनले कि पीछे ई वजह रहे कि एही दिन सन 1930 मे काँग्रेस पूर्ण सुराज के आपन लक्ष्य क घोषणा कइले रहल।
ई दिन राष्ट्रीय छुट्टी क दिन होला आ हर सरकारी दफ्तर आ इस्कूल कॉलेज में झंडा फहरा के आ मिठाई बाँट के खुसी मनावल जाला। भारत में एकरी अलावा अउरी दूगो राष्ट्रीय छुट्टी के दिन स्वतंत्रता दिवस आ गाँधी जयंती होला।