![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/2/29/Kathmandu_Valley_krish.jpg/640px-Kathmandu_Valley_krish.jpg&w=640&q=50)
काठमांडो घाटी
नेपाल में एगो घाटी / From Wikipedia, the free encyclopedia
काठमांडो घाटी (नेपाली: काठमांडौ उपत्यका, नेपाल भाषा: स्वनिगः, नेपाः गाः) हिमालयी राष्ट्र नेपाल में एगो प्राकृतिक घाटी बा आ एशिया के एगो प्राचीन ब्यापारिक मार्ग के पड़ाव आ सांस्कृतिक रूप से धनी वरासत वाला क्षेत्र बा। एही घाटी में नेपाल के राजधानी काठमांडो स्थित बा आ आसपास के अन्य कई उपनगर सभ के मिला के काठमांडो उपनगरीय क्षेत्र के रूप में नेपाल के सभसे बड़हन आबादी समूह भी बा।
Quick Facts यूनेस्को बिस्व धरोहर स्थल, लोकेशन ...
यूनेस्को बिस्व धरोहर स्थल | |
---|---|
![]() Kathmandu valley seen from Palanse, Bhaktapur | |
लोकेशन | Province No. 3, Nepal |
संदर्भ | 121bis |
इंस्क्रिप्शन | 1979 (3वाँ सेशन) |
एक्स्टेंशन | 2006 |
खतरा में | 2003–2007[1] |
रकबा (एरिया) | 167.37 हे (413.6 एकड़) |
बफर जोन | 70.29 हे (173.7 एकड़) |
अक्षांस-देसांतर | 27°42′14″N 85°18′31″E |
Close
घाटी के सभसे ढेर महत्त्व इतिहासी आ सांस्कृतिक कारण से बा, काहें से कि इहाँ लगभग 130 गो से ढेर अस्थान अइसन बाने जिनहन के हिंदू या बौद्ध धरम में पबित्र मानल जाला आ जहाँ लोग तीरथ के रूप में जतरा करे जाला।[2] एही कारण काठमांडो घाटी के सात गो स्थान (स्मारक सभ) के यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर स्थल के दर्जा दिहल गइल बा।