ओस्लो
नार्वे के राजधानी / From Wikipedia, the free encyclopedia
ओस्लो (अंग्रेजी: Oslo) उत्तरी यूरोप में नार्वे देस के राजधानी आ एह देस के सभसे बड़ शहर बा। एही नाँव के काउंटी आ म्युनिसिपल एरिया भी हवे जेकर ई मुख्य केंद्र हऽ। ओस्लो म्युनिसिपलटी (नगर निगम) के कुल आबादी 6,98,660 (2021 के एस्टीमेट) बा जबकि पूरा मेट्रो सिटी के जनसंख्या 2010 के जनगणना में 17.1 लाख रहल।
Quick Facts Oslo, देश ...
Oslo | |
---|---|
राजधानी शहर | |
Coordinates: 59°54′50″N 10°45′8″E | |
देश | ![]() |
अस्थापना | 1048 |
Area | |
• राजधानी शहर | 480 किमी2 (190 बर्ग मील) |
• Land | 454.20 किमी2 (175.37 बर्ग मील) |
• Water | 26.64 किमी2 (10.29 बर्ग मील) |
Population | |
• राजधानी शहर | 698,660 ![]() |
• Urban | 1,036,059 |
• Metro | 1,588,457 |
Website | www |
Close
ई नार्वे देस के आर्थिक आ प्रशासनिक राजधानी हवे। इहाँ के सभसे प्रमुख व्यापारिक बानिज्यिक शहर हऽ आ एकरा के बैस्विक शहर (ग्लोबल सिटी) के दर्जा भी दिहल जाला। अपना बिबिधता आ बैस्विकता के कारन एकरा के बीटा बैस्विक शहर (Beta World City) भी मानल जाला।
ई यूरोप के कुछ सभसे बेहतर रहे लायक बड़ शहरन में गिनल जाला। 2000 के दशक के शुरुआत में एकर आबादी तेजी से बढ़त दर्ज कइल गइल।