एथनोलॉग
𑂫𑂵𑂥 𑂣𑂩 𑂄 𑂣𑂹𑂩𑂱𑂁𑂗 𑂧𑂵𑂁 𑂣𑂹𑂩𑂍𑂰𑂬𑂱𑂞 𑂠𑂳𑂢𑂱𑂨𑂰 𑂍𑂵 𑂦𑂰𑂭𑂰 𑂮𑂦 𑂍𑂵 𑂙𑂵𑂗𑂰𑂥𑂵𑂮 / From Wikipedia, the free encyclopedia
एथनोलॉग: लैंगुएजेज ऑफ़ दि वल्ड (अंग्रेजी: Ethnologue: Languages of the World; जेकरा Ethnoloɠue के इस्टाइल में लिखल जाला) सालाना छपे वाला एगो संदर्भ पब्लिकेशन हवे जे कागज पर आ ऑनलाइन दुनों रूप में छपे ला। ई पूरा दुनियाँ के जिंदा भाषा सभ के बारे में आँकड़ा आ जानकारी उपलब्ध करावे ला। ई पहिली बेर 1951 में छपल रहल, आ अब हर साल एसआइएल इंटरनेशनल संस्था द्वारा छापल जाला। ई संस्था एगो नॉन-प्राफिट ईसाई संस्था हवे। ए संस्था के मुख्य काम भाषा सभ के अध्ययन कइल आ उनहन के बारे में जानकारी आ आँकड़ा एकट्ठा क के सहेजल हवे; धार्मिक आ साक्षरता बढ़ावे के मकसद से। ई संस्था अमेरिका के डलास में मुख्यालय वाली बा आ एकर अउरी शाखा दुनियाँ भर में फइलल बाड़ी सऽ।
मालिक | SIL इंटरनेशनल, यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका |
---|---|
वेबसाइट | ethnologue |
कॉमर्शियल | yes |
2020 तक ले, एथनोलॉग के वेब आधारित प्लेटफार्म पर 7,117 भाषा सभ के बारे में जानकारी मौजूद बा (ई एकर 23वाँ संस्करण हवे),[1] जेह में बोले वाला लोगन के गिनती, लोकेशन, बोली सभ, भाषाई संबद्धता, ऑटोनिम (autonyms), ओह भाषा में बाइबिल के उपलब्धता, भाषा के दोबारा जिंदा करे खाती हो रहल कोसिस, आ Expanded Graded Intergenerational Disruption Scale (EGIDS) के इस्तेमाल क के भाषा के वायाबिलिटी (viability) के अनुमान के जानकार शामिल बाटे।[2][3]