ऊखि

From Wikipedia, the free encyclopedia

ऊखि

ऊखि, ऊख, चाहे गन्ना एगो साल भर में होखे वाली फसल हवे जेवना की रस से चीनी, गूर (गुड़) भेली, शीरा, राब वगैरह बनावल जाला। ई मूल रूप से भारतीय क्षेत्र के पौधा हवे आ एही जा से बाकि दुनियाँ में ले जाइल गइल हवे, जबकि कुछ किसिम सभ दक्खिन पूर्ब एशिया, न्यू गिनी आ दक्खिन अमेरिका के मूल हईं।

Thumb
Saccharum officinarum
Thumb
Thumb
Sugar cane growing, Queensland, 2016
Thumb
Cut sugarcane

बैज्ञानिक रूप से एह में कई प्रजाति सभ आवे लीं जे घास (Poaceae) हईं आ सैक्कारम (Saccharum) जीनस के एंड्रोपोगोनियाइ (Andropogoneae) ट्राइब के सदस्य हईं। एह पौधा (घास) के तना पोरदार होला जेह में चीनी वाला सुक्रोज पावल जाला। ई 2 से 6 मीटर (छह फीट से बीस फीट) लमहर हो सके ला। सगरी परजाति के ऊख आपस में क्रास कर सके लीं आ वर्तमान में ब्यापारिक उत्पादन में इस्तेमाल होखे वाली किसिम सभ एही बहुत जटिल क्रास से उपजल संकर प्रजाति हईं।[1] ऊखि जवना घास परिवार पोआसिया (Poaceae) के सदस्य हवे एह में बहुत सारा आर्थिक महत्व के पौधा आवे लें जइसे कि मक्का, गोहूँ, धान वगैरह।

गन्ना से निकले वाला सुक्रोज के इस्पेशल मिल आ फैक्टरी सभ में बिबिध इस्तेमाल खातिर निकालल आ ई चीनी के रूप में खाना में, खानपान के बिबिध उद्योग में कच्चा माल बिलियन टन गन्ना पैदा भइल, जेह में अकेले ब्राजील देस 41% के साथ पहिला नंबर पर रहल। 2012 में फूड एंड एग्रीकल्चर ऑर्गनाइजेशन के अनुमान रहल कि एकर खेती लगभग 26 मिलियन हेक्टेयर (64 मिलियन एकड़) रकबा पर कुल 90 से बेसी देसन में होखे।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.