मौसम बिज्ञान आ भूगोल के टर्मावली From Wikipedia, the free encyclopedia
माउंटेन ब्रीज़ आ वैली ब्रीज़ (अंग्रेजी: Mountain breeze and valley breeze), जिनहन के हिंदी में पर्वत समीर आ घाटी समीर भी कहल जाला, एक दुसरे से जुड़ल लोकल हवा होखे लीं जे पारापारी दिनरात के चक्र के रूप में बहे लीं। ई एनाबैटिक आ कैटाबैटिक हवा से अलगा किसिम के होखे लीं जे अउरी बड़हन पैमाना पर चले लीं आ गम्हीर होखे लीं। ई हवा एक दुसरे के उल्टा होखे लीं। माउंटेन ब्रीज[1] भा पहाड़ी हवा, ऊपर से नीचे घाटी के ओर सांझ बेरा के बाद बहे ला जब ऊपरी पहाड़ी हिस्सा जल्दी ठंढा हो जाला आ घाटी के हवा तुलना में गरम रहे ले। एकरे बिपरीत वैली ब्रीज[2] भा घाटी हवा, घाटी से बहे वाली हवा दिन में ढाल के सहारे ऊपर के ओर बहे लीं,[3] पर्वतीय हवा के गर्म हिस्सा बीचे में से ऊपर उठे ला।[4]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.