From Wikipedia, the free encyclopedia
इस्लामिक सहजोग संगठन (अंग्रेजी: Organization of Islamic Cooperation), चाहे संछेप में ओआईसी (OIC), एगो इंटरनेशनल संगठन बाटे जेकर अस्थापना 1969 में भइल रहल, एह में कुल 57 गो देस सामिल बाड़ें जिनहन के कुल आबादी 1.8 बिलियन (2015 में) बा आ इनहन में से 49 गो देस अइसन बाड़ें जहाँ मुसलमान आबादी मेजारिटी में बाटे।[1] एह संगठन के दावा बा की ई "मुस्लिम दुनियाँ के सामूहिक आवाज हवे" आ ई "मुस्लिम वल्ड के इंटरेस्ट के सुरक्षा आ संरक्षा करे खातिर काम करे ला जवना से मकसद अंतर्राष्ट्रीय शांति आ समरसता के बढ़ावा दिहल बा"।[2]
Organisation of Islamic Cooperation | |
---|---|
झंडा | |
मोटो: "To safeguard the interests and ensure the progress and well-being of Muslims" | |
Member states Observer states Suspended states | |
मुख्यालय | जेद्दा, सऊदी अरब |
ऑफिशियल भाषा | |
प्रकार | अंतर-सरकारी संगठन |
सदस्यता | 57 सदस्य देस |
इस्थापित | |
• Charter signed | 25 सितंबर 1969 |
जनसंख्या | |
• 2018 अनुमान | 1.81 billion |
वेबसाइट www.oic-oci.org |
ओआईसी सयुंक्त राष्ट्र के बाद दूसरहा सभसे बड़ अंतर-सरकारी संगठन हवे।[नोट 1]
ओआईसी के मुख्यालय सऊदी अरब के जेद्दा शहर में बा। भारत के पड़ोसी देस पाकिस्तान एकरे संस्थापक सदस्यन में से हवे आ अउरी पड़ोसी देसन में अफगानिस्तान, बंगलादेश आ मालदीव एह संगठन में शामिल बाड़ें। रूस आ थाइलैंड एह संगठन के पर्यवेक्षक (ऑब्जर्वर स्टेट) हवें आ यूनाइटेड नेशंस आ यूरोपीयन युनियन के प्रतिनिधिमंडल इहाँ रहे ला। एक शिखर सम्मलेन हर तिसरा साल पर होखे ला आ सभसे हालिया 17वाँ सम्मेलन पाकिस्तान में भइल।[3]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.