मुंबई
From Wikipedia, the free encyclopedia
मुंबई, पुरान नाँव बॉम्बे भारत की महाराष्ट्र प्रान्त क राजधानी बा । ए शहर के आर्थिक महत्व की कारण एके भारत क आर्थिक राजधानी कहल जाला। संयुक्त राष्ट्र के अनुसार, 2018 के हिसाब से मुंबई भारत के दिल्ली के बाद दुसरा सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बा आ दुनिया के आठवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बाटे जेकर आबादी लगभग 2 करोड़ बाटे। साल 2011 के भारत सरकार के जनगणना के मोताबिक, मुंबई भारत के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर रहल जेकर अनुमानित शहरी उचित आबादी 1.25 करोड़ (12.5 मिलियन) रहल जे बृहनमुम्बई नगर निगम के तहत रहत रहलें। मुंबई मुंबई महानगरीय क्षेत्र के केंद्र हवे, दुनिया के छठवाँ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महानगरीय इलाका हवे जेकर जनसंख्या 23 लाख (23 मिलियन) से ढेर बाटे। मुंबई भारत के पच्छिमी तट पर कोंकण तट पर पड़े ला आ एकर गहिरा प्राकृतिक बंदरगाह बा। साल 2008 में मुंबई के अल्फा वर्ल्ड सिटी के नाँव दिहल गइल। भारत के सगरी शहर सभ में एह में सभसे ढेर करोड़पति आ अरबपति लोग के संख्या बा। मुंबई में यूनेस्को के तीन गो बिस्व धरोहर स्थल बाड़ें: एलिफंटा गुफा, छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस, आ शहर के बिसेस बिक्टोरियन आ आर्ट डेको भवन सभ के समूह जे 19वीं आ 20वीं सदी में डिजाइन कइल गइल बाड़ें।
मुंबई | ||
---|---|---|
Nicknames: City of Seven Islands,[1] Bollywood,[प्रमाण देईं] Gateway of India, City of Dreams, Skyscrapers City, Maximum City, City that Never Sleeps[2] | ||
Coordinates: 18°58′30″N 72°49′33″E | ||
देश | India | |
राज्य | महाराष्ट्र | |
Division | कोंकण | |
District | Mumbai City Mumbai Suburban | |
कब बसल | 1507[प्रमाण देईं] | |
Named for | मुम्बादेवी | |
Government | ||
• Type | Municipal Corporation | |
• Body | Municipal Corporation of Greater Mumbai | |
• Mayor | Kishori Pednekar[3][4] (Shiv Sena) | |
Area | ||
• महानगर | 603 किमी2 (233 बर्ग मील) | |
• Metro | 4,355 किमी2 (1,681.5 बर्ग मील) | |
Elevation | 14 m (46 ft) | |
Population (2011)[6] | ||
• महानगर | 12,478,447 | |
• Rank | 1st | |
• Density | 21,000/किमी2 (54,000/बर्ग मील) | |
• Metro | 18,414,288 20,748,395 (Extended UA) | |
Demonyms | मुम्बईकर, बॉम्बयिटे | |
Time zone | UTC+5:30 (आइएसटी) | |
PINs | 400 001 to 400 107 | |
Area code | +91-22 | |
Vehicle registration |
| |
Metro GDP/PPP | $151–$368 billion[9] | |
HDI (2013) | 0.846[10] (very high) | |
आधिकारिक भाषा | मराठी[11][12] | |
Website | mcgm |
मुंबई के गठन करे वाला सात गो दीप सभ में पहिले मराठी भाषा बोले वाला कोली लोग के समुदाय रहलें।सदियन ले, बंबई के सात गो दीप सभ के लगातार मूल निवासी शासक लोग के नियंत्रण में रहल आ एकरे बाद पुर्तगाली साम्राज्य के सौंप दिहल गइल आ एकरे बाद ईस्ट इंडिया कंपनी के 1661 में, कैथरीन ब्रागांजा के दहेज के माध्यम से जब इनके बियाह इंग्लैंड के चार्ल्स द्वितीय से भइलl 18वीं सदी के बीच के दौरान, बंबई के हॉर्नबी वेलार्ड प्रोजेक्ट द्वारा नया रूप दिहल गइल जेह में समुंद्र से सात गो दीप सभ के बीच के इलाका के रिक्लेमेशन के काम कइल गइल। प्रमुख सड़क आ रेलवे के निर्माण के साथे-साथ 1845 में पूरा भइल ई रिक्लेमेशन प्रोजेक्ट बम्बई के अरब सागर पर एगो प्रमुख समुद्री बंदरगाह में बदल दिहलस। बम्बई 19वीं सदी में आर्थिक आ शैक्षिक विकास के विशेषता रहे। 20वीं सदी के सुरुआत के दौरान ई भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन खातिर एगो मजबूत आधार बन गइल। 1947 में भारत के आजादी मिलला पर एह शहर के बांबे राज्य में शामिल कइल गइल। 1960 में सम्यक् महाराष्ट्र आंदोलन के बाद एगो नया राज्य महाराष्ट्र के निर्माण भइल जवना के राजधानी बांबे रहे।
मुंबई भारत के बित्तीय, ब्यापारिक, आ मनोरंजन के राजधानी हवे। ई वैश्विक बित्तीय प्रवाह के मामिला में भी दुनिया के शीर्ष दस गो वाणिज्य केंद्र सभ में से एक बा, भारत के सकल घरेलू उत्पाद के 6.16% उत्पादन करे ला, आ औद्योगिक उत्पादन के 25% हिस्सा, भारत (मुंबई) में समुंद्री ब्यापार के 70% हिस्सा बाटे पोर्ट ट्रस्ट आ जेएनपीटी), आ भारत के अर्थब्यवस्था के पूंजी लेनदेन के 70% हिस्सा। मुंबई में दुनिया के कौनों भी शहर के तुलना में अरबपति लोग के संख्या आठवाँ बाटे आ 2008 में मुंबई के अरबपति लोग के औसत धन दुनिया के कौनों भी शहर के तुलना में सभसे ढेर रहल। एह शहर में महत्वपूर्ण बित्तीय संस्थान बाड़ें आ कई गो भारतीय कंपनी आ बहुराष्ट्रीय निगम सभ के कॉर्पोरेट मुख्यालय बाड़ें। एकरे अलावा इहाँ भारत के कुछ प्रमुख वैज्ञानिक आ परमाणु संस्थान भी बाड़ें। एह शहर में बॉलीवुड आ मराठी सिनेमा उद्योग भी बा। मुंबई के व्यापार के अवसर पूरा भारत से प्रवासी लोग के आकर्षित करेला।
संदर्भ
Wikiwand in your browser!
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.