आंध्र प्रदेश
भारत के राज्य From Wikipedia, the free encyclopedia
Remove ads
आंध्र प्रदेश भारत के 28 राज्य सब में से एगो राज्य बा। भारत के दक्खिन-पूरबी हिस्सा में मौजूद एह राज्य के रकबा लगभग 162,970 किमी2 (62,920 वर्ग मील) बाटे[4] आ एह तरीका से ई भारत के आठवाँ सभसे बड़हन राज्य बा। साल 2011 में भइल जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल आबादी 49,386,799 बा आ जनसंख्या अनुसार ई भारत के 10वाँ राज्य बाटे। एह राज्य के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर विशाखपट्नम बा। आंध्रप्रदेश मुख्यमंत्री चंद्र बाबु नयुडू (त.दे.प)
Remove ads
तारीख 2 जून 2014 के आंध्र प्रदेश के उत्तर-पच्छिमी हिस्सा एकरा से बिलग क दिहल गइल आ ओकरा के तेलंगाना नाँव से नाया राज्य बनावल गइल; लंबा समय से राजधानी रहल हैदराबाद शहर भूगोलीय रूप से तेलंगाना के भीतर आवे के कारन ओही में रह गइल हालाँकि, आंध्र प्रदेश पुनर्गठन एक्ट, 2014 के अनुसार ई बेवस्था कइल गइल कि कम से कम दस साल खाती आंध्र प्रदेश के कार्यकारी राजधानी हैदराबादे रही।[5] नई, वास्तविक राजधानी जे नदी के तीरे बिकसित कइल जा रहल बा अमरावती के नाँव से बा आ आंध्र प्रदेश राजधानी बिकास क्षेत्र (APCRDA) के अधीन बाटे[6]
आंध्र प्रदेश समुंद्र के किनारे मौजूद राज्य हवे आ एकर तटरेखा 974 किमी (605 मील) के लगभग लंबाई वाली बा – गुजरात के बाद भारत में एह मामिला में एकर दुसरा नमर बाटे – आ करीबन 15,000 किमी2 जलक्षेत्र एकरे राज्यक्षेत्र के हिस्सा हवे।[4][7] आंध्र प्रदेश के सीमा तेलंगाना से उत्तर-पच्छिम में, छत्तीसगढ़ आ ओडिशा से उत्तर-पूरुब में, पच्छिम में कर्नाटक से आ दक्खिन में तमिल नाडु से सटे ला आ एकरे पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे। केंद्र शासित प्रदेश पुद्दुचेरी के एगो हिस्सा यनम एह राज्य के अंदर एन्क्लेव के रूप में बा आ काकीनाड़ा क्षेत्र में गोदावरी डेल्टा के इलाका में बा।[8]
Remove ads
संदर्भ
Wikiwand - on
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Remove ads