एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा From Wikipedia, the free encyclopedia
वाट्स एप मैसेंजर (WhatsApp Messenger) एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा देला।[2] ई इंटरनेट के इस्तेमाल क के तुरंत सनेसा (पाठ के रूप में) भेजे, कॉल करे, बीडियो काल करे, फोटो, एनीमेशन, डाकुमेंट, प्रयोगकर्ता के लोकेशन आ फोन कांटेक्ट भेजे के सुबिधा देला।[3][4] एकरा खातिर पहिचानक के रूप में सेलुलर फोन के नंबर के इस्तेमाल करे ला। ई एप्लीकेशन मोबाइल यंत्र सभ प चले ला हालाँकि, एकरा के डेस्कटॉप कंप्यूटर से भी एक्सेस कइल जा सके ला, ई सेलफोन नेटवर्क के नंबर सभ के इस्तेमाल क के एक दुसरे से कनेक्ट होखे के सुबिधा देला। मूल रूप में एह सुबिधा के द्वारा दू ब्यक्ति आपस में या कई लोग ग्रुप बना के आपस में संबाद क सकत रहे, सितंबर 2017 में ह्वाट्सएप द्वारा घोषणा कइल गइल कि अब एगो नया बिजनेस प्लेटफार्म के जरिये कंपनी सभ एकरे द्वारा कस्टमर केयर सुबिधा भी उपलब्ध करा सके लीं[5] वाट्सएप पर भेजल जाए वाला सगरी डेटा (सनेसा, फोटो, बीडियो, फाइल वगैरह) एंड-टू-एंड एनक्रिप्शन के इस्तेमाल से सुरक्षित होखे ला।
बिजनेस प्रकार | सब्सिडरी |
---|---|
स्थापित | फरवरी 24, 2009 |
मुख्यालय | माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स |
संस्थापक |
|
सीईओ | जान कुम |
कर्मचारी | 50[1] |
मूल कंपनी | फेसबुक |
वेबसाइट | whatsapp |
वाट्सएप के ज्यादातर उपभोक्ता माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थित वाट्सएप इंक॰ द्वारा बनावल गइल रहलें हालाँकि, फरवरी 2014 में एकरा के फेसबुक द्वारा लगभग US$19.3 बिलियन (अरब) अमेरिकी डालर में कीन लिहल गइल।[6][7] फरवरी 2016 ले, वाट्स एप के प्रयोगकर्ता आधार (यूजर बेस) लगभग एक अरब हो चुकल रहल[8] आ एह तरीका से ई आभासी (वर्चुअल) समुदाय सभ में सभसे पापुलर, या आसान भाषा में अपना समय के सभसे पापुलर मेसेजिंग एप बन चुकल रहल।[8][9] वाट्स एप के बढ़ती कई देसन में तेजी से भइल जेह में ब्राजील, भारत आ यूरोप के बहुत बड़ा हिस्सा सामिल बा।[8]
22 अप्रैल 2014 तक ले, वाट्सएप के लगभग 500 मिलियन से ढेर माहवार सक्रिय प्रयोगकर्ता रहलें, 700 मिलयन फोटो आ 100 मिलियन बीडियो रोजाना शेयर कइल जात रहलें, आ हरदिन ई सनेसा सुबिधा 10 बिलियन से ढेर सनेसा हैंडिल क रहल रहे।[10][11]
24 अगस्त 2014 के, कूम द्वारा ट्विटर पर घोषणा कइल गइल कि पूरा दुनिया भर में वाट्सएप के 600 मिलियन से ढेर सक्रिय प्रयोगकर्ता बाड़ें। ई ऊ समय रहल जब रोज 25 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग वाट्स एप से हर महीना जुड़ रहल रहे, यानी कि 833,000 सक्रिय प्रयोगकर्ता रोज जुड़ रहल रहे।[12] कुल दुनिया के 10%, मने कि 65 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग के साथ भारत एह मामिला में नमर एक प रहल।[13]
मई 2017 ई रिपोट कइल गइल कि वाट्स एप के प्रयोगकर्ता लोग औसतन 646 साल के समय के बराबर समय बीडियो काल में बिता रहल रहे[14] मने कि 340 मिलियन मिनट रोज एह एप पर बीडियो काल में बितावत रहल।
फरवरी 2017 ले, वाट्सएप के 1.2 बिलियन प्रयोगकर्ता भ चुकल रहे लोग।[15]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.