From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत, भारत वर्ष, हिंदुस्तान आ इंडिया नियर कई ठे नाँव के प्रयोग वर्तमान भारत गणतंत्र खातिर होला जबकि इतिहासी अर्थ, एह सभ के, कुछ न कुछ अंतर लिहले बाटे।
संछेप मे भारत" या पूरा "भारत वर्ष", के दू गो उत्पत्ति बतावल जाले। पहिला मत के हिसाब से वैदिक समूह भारत लोग के नाँव के आधार पर एकर नाँव भारत पड़ल। दूसरा मत के अनुसार कथा के पात्र दुष्यंत-शकुंतला के लरिका भरत (सम्राट) के नाँव पर एह देस के नाँव भारत पड़ल।
वर्तमान में ई आजाद भारत गणतंत्र, संप्रभु राष्ट्र, के सभसे प्रचलित नाँव (एह देस के अंदर) बाटे।
इंडिया (India) भारत के अंग्रेजी भाषा में आधिकारिक आ प्रचलित नाँव बाटे।
हिंद या हिंदुस्तान फ़ारसी भाषा से निकलल शब्द, वर्तमान भारत गणतंत्र खातिर इस्तेमाल होला। हालाँकि, ई कब्बो ख़ाली उत्तरी भारत खातिर भी इस्तेमल होला आ कबो बड़ा भारत खातिर भी।
जम्बुद्वीप भा जंबूद्वीप भारत के प्राचीन नाँव रहल हवे। अभिन भी ई नाँव बौद्ध आ हिंदू कथा आ पौराणिक संदर्भ में इस्तमाल होला। कहीं ई वर्तमान दक्खिनी एशिया खातिर इस्तमाल होला आ कहीं पूरा एशियाई महादीप खातिर भी। बौद्ध ग्रंथ सभ में ई इलाका मेरु परबत के दक्खिन में मौजूद बतावल गइल बा।[1]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.