बिहार में एगो नदी From Wikipedia, the free encyclopedia
बूढ़ी गंडक नदी भारतीय राज्य बिहार में बहे वाली गंगा नदी के सहायिका नदी हवे। ई गंडक नदी के पूरुब ओर एगो पुरान चैनल में बहे ले। एकरा किनारे कस्बा नरकटियागंज, इतिहासी अस्थान लउरिया नंदनगढ़ आ मुजफ्फरपुर नियर शहर बाने।
Burhi Gandak River | |
देस | भारत[1] |
---|---|
राज्य | बिहार[1] |
प्रदेश/क्षेत्र | उत्तर बिहार |
शहर | नरकटियागंज, मुजफ्फरपुर, खगड़िया |
लैंडमार्क | लउरिया नंदनगढ़ |
उदगम | चौतरवा चुआर |
- लोकेशन | बिशंभरपुर के लगे, पच्छिम चंपारण जिला[1] |
मुहाना | गंगा |
- लोकेशन | खगड़िया |
- निर्देशांक | 25°26′02″N 86°36′25″E |
लंबाई | 320 किमी (199 मील) |
थाला | 10,150 किमी2 (3,919 वर्ग मील) |
ई नदी बिहार के पच्छिम चंपारण जिला में बिसंभरपुर के लग्गे चौतरवा चुआर से निकसे ले आ आगे जा के पूरबी चंपारन से हो के बहे ले।[2] एकरे बाद ई दक्खिन के मुड़े ले। अपना उदगम से करीबन पचास किलोमीटर बहे के बाद एह में दू गो अउरी नदी आ के मिले लीं। एकरे बाद ई दक्खिन-पूरुब मुँह के बहे ले आ मुजफ्फरपुर जिला में बहे ले। एहिजा ई कई गो चैनल में बंटा जाले आ ई धारा सभ फिर से आपस में जुड़ जालीं। एकरे बाद ई टेढ़-टाढ़ रास्ता से बहत समस्तीपुर आ बेगूसराय जिला से हो के गुजरे ले। खगड़िया जिला में ई खगड़िया कस्बा के बगल से हो के गुजरे ले आ आगे जा के गंगा नदी में मिल जाले।
नदी के कुल लंबाई करीबन 320 किलोमीटर (200 मील) बा आ ई लगभग 10,150 वर्ग किलोमीटर एरिया के पानी बहा के गंगा में पहुँचावे ले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.