जनरल अनिल चौहान (जनम 18 मई 1961) वर्तमान में भारतीय सशस्त्र बल के चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ (CDS) बाड़ें [1] [2]भारतीय सेना के फोर स्टार जनरल आ रिटायर्ड ऑफिसर बाड़ें। 30 सितंबर 2022 के इनके रक्षा प्रमुख बनावल गइल [3] [4] । उ परम विशिष्ठ सेवा पदक, उत्तम युद्ध सेवा पदक, अति विशिष्ठ सेवा पदक, सेवा पदक, विशिष्ठ सेवा पदक के प्राप्तकर्ता हवें।

Quick Facts अनिल चौहान, भारत के डिफेस्न्स स्टॉफ के प्रमुख ...
अनिल चौहान
Thumb
भारत के डिफेस्न्स स्टॉफ के प्रमुख
राष्ट्रपतिदौपदी मुर्मू
प्रधानमंत्रीनरेन्द्र मोदी
रक्षा मन्त्रीराजनाथ सिंह
इनसे पहिलेबिपिन रावत
58वां चीफ ऑफ स्टाफ कमेटी के अध्यक्ष
राष्ट्रपतिद्रौपदी मुर्मू
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
रक्षा मंत्रीराजनाथ सिंह
इनसे पहिलेManoj Mukund Naravane (Acting)
जनरल ऑफिसर कमांडिंग-इन-चीफ पूर्वी कमान
Chief of Army Staff
इनसे पहिलेमनोज मुकुन्द नरवणे
इनके बादमनोज पाण्डे
निजी जानकारी
जनम (1961-05-18) 18 मई 1961 (उमिर 63)
गवाना, पौरी गढ़वाल जिला, उत्तर प्रदेश, भारत
(अब उत्तराखंड, भारत में)
जीवनसाथीअनुपमा चौहान
संतान1
महतारी संस्था
  • राष्ट्रीय रक्षा अकादमी, खड़गवासला
  • भारतीय सैन्य अकादमी, देहरादून
Military service
Allegiance भारत
Service/branch भारतीय सेना
Years of serviceजून 1981 – मई 2021
2022 – वर्तमान (सीडीएस के रूप में)
Rank23px के लिए रैंक प्रतीक चिन्ह सामान्य
Unit20पीएक्स 11वीं गोरखा राइफल्स
Commands
  • 20px पूर्वी कमान
  • 20पीएक्स III कॉर्प्स
Service numberIC-39492A
Close

जनरल अनिल चौहान अपना कैरियर में 40 साल से अधिका के कई गो कमान संभाल चुकल बाड़े। उनुका लगे जम्मू-कश्मीर अउरी पूर्वोत्तर भारत में आतंकवाद निरोधक अभियान के अनुभव भी बा।

शुरुआती जिनगी आ शिक्षा

लेफ्टिनेंट जनरल अनिल चौहान के जनम 18 मई 1961 के उत्तराखंड (तब के उत्तर प्रदेश) के पौरी गढ़वाल जिला के ग्वाना में भइल रहे [5] । चौहान आपन शुरुआती स्कूली पढ़ाई कोलकाता के केंद्र विद्यालय फोर्ट विलियम से कइले रहले. बाद में ऊ राष्ट्रीय रक्षा अकादमी, खड़कवासला आ भारतीय सैन्य अकादमी, देहरादून (लेफ्टिनेंट जनरल अनिल चौहान एजुकेशन) से स्नातक कइलें। चौहान के बियाह अनुपमा से भईल बा, जवन कि एगो कलाकार (लेफ्टिनेंट जनरल अनिल चौहान पत्नी) हई। इनकर एगो बेटी बाड़ी प्रज्ञा।

सेना में सेवा

चौहान के चार दशक के सैन्य कैरियर में 1981 में 11वीं गोरखा राइफल्स में शामिल कईल गईल रहे। चौहान मेजर जनरल के रूप में बारामुल्ला में उत्तरी कमान के एगो पैदल सेना डिवीजन के कमान संभालले रहले, बाद में लेफ्टिनेंट जनरल के रूप में 2017 से 2018 तक नागालैंड स्थित III कोर के कमांडिंग ऑफिसर के रूप में काम कईले। जनवरी 2018 में इनके महानिदेशक सैन्य अभियान (डीजीएमओ) नियुक्त कइल गइल, एह दौरान ऊ दू गो प्रमुख सैन्य अभियान सभ के निष्पादन के देखरेख कइलें – पाकिस्तान के खिलाफ 2019 के जवाबी हवाई हमला आ ऑपरेशन सनराइज – भारत-म्यांमार के संयुक्त आतंकवाद विरोधी हमला। सितंबर 2019 में चौहान के पूर्वी कमान के जनरल ऑफिसर कमांडिंग इन चीफ (जीओसी-इन-सी) के रूप में नियुक्त कईल गईल रहे। मई 2021 में रिटायरमेंट ले ऊ एह पद पर रहलें [6]

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.