हिंद महासागर
महासागर / From Wikipedia, the free encyclopedia
हिंद महासागर बिस्व क तीसरा सबसे बड़हन महासागर ह जे लगभग 70,560,000 किमी2 (7.595×1014 वर्ग फु) क्षेत्रफल पर बिस्तार लिहले बा आ धरती के पूरा पानी वाली सतह के लगभग 20% हिस्सा कभर करे ला। एकरे पच्छिम ओर अफ्रीका, उत्तर ओर एशिया आ पूरुब ओर ऑस्ट्रेलिया महादीप बाड़ें आ दक्खिन में दक्खिनी महासागर, या फिर अगर ओकरा के अलगा से महासागर महासागर न मानल जाय, तब अंटार्कटिका महादीप बाटे। एकर नाँव भारत के नाँव (हिंद) के नाँव पर रखल गइल हवे आ अइसन एकलौता महासागर बा जेकर नाँव कौनों देस के नाँव प रखल गइल होखे। अरब सागर आ बंगाल क खाड़ी एही हिंद महासागरे क हिस्सा हउवें।