स्वतंत्रता दिवस भा आजादी दिवस, हर बरिस 15 अगस्त के भारत मे मनावल जाये वाला राष्ट्रीय परब हवे। अंग्रेजी शासन से 15 अगस्त 1947 के मिलल आजादी के सालाना बरसी आ यादगार के रूप मे ई दिवस मनावल जाला। भारत के अंग्रेजी राज से आजादी एगो लमहर लड़ाई आ आंदोलन के बाद मिलल। आजादी के एह आंदोलन मे अहिंसक प्रतिरोध आ सबिनय अवज्ञाँ के भूमिका उल्लेख जोग रहल आ भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस एह आंदोलन के मुख्य अगुआई करे वाला दल रहल। आजादी के साथे-साथ भारत के बखरो लागल आ तत्कालीन भारतीय ब्रिटिश राज, भारत आ पाकिस्तान, दू बखरा मे बँटा गइल। एह बँटवारा मे बहुते बेसी हिंसा आ लूटपाट के घटनो भइल आ लमसम 150 लाख लोग एह दौरान हिंसा के शिकार भइल। 15 अगस्त 1947 के, जवाहरलाल नेहरू, जे ओहि दिने भारत के पहिला परधानमंत्री बनल रहलें, लाल किला के लाहौरी गेट पर तिरंगा झंडा फहरवलें। एकरा बाद से अबले हर स्वतंत्रता दिवस पर एही जा तिरंगा फहरावल जाला आ प्रधानमंत्री लाल किला से देस के अपना भाषण में संबोधित करे लें।[1]

Quick Facts स्वतंत्रता दिवस, मनावे वाला ...
स्वतंत्रता दिवस
Thumb
लाल किला पर फहरावल तिरंगा, एह दिन सरकारी दफ्तर आ इस्कूल सभ के बिल्डिंग पर झंडा फहरावल देखल जा सके ला।
मनावे वाला भारत
प्रकारराष्ट्रीय परब-तिहुआर
मनावे के तरीकाझंडा फहरावल, लालकिला से प्रधानमंत्री के भाषण; परेड, प्रभात फेरी, आ बिबिध सांस्कृतिक कार्यक्रम
समय15 अगस्त 1947
केतना बेरसालाना
Close

पूरा भारत में ई छुट्टी के दिन होला आ झंडा फहरावल जाला, परेड होला, प्रभात फेरी निकले ले, आ बिबिध किसिम के सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल जालें। एह छुट्टी के दिने इस्कूल आ सरकारी दफ्तर सभ में मिठाई बाँटल जाले लेकिन कवनो पढ़ाई या दफ्तर के काम ना होला।

देस में एह दिन बिसेस सुरक्षा के इंतजाम भी कइल जाला।[2][3]

इहो देखल जाय

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.