सैटेलाइट इमेज
पृथ्वी के कौनों हिस्सा के फोटो जे सैटेलाइट से लिहल गइल होखे / From Wikipedia, the free encyclopedia
सैटेलाइट इमेज चाहे सैटेलाइट इमेजरी (अंग्रेजी: Satellite imagery), जेकरा के उपग्रह चित्र चाहे सैटेलाइट फोटो भी कहल जाला, सैटेलाइट (उपग्रह) पर लागल सेंसर सभ से पृथिवी के धरातल के कौनों हिस्सा के फोटो होखे लीं। सैटेलाइट के इस्तेमाल से पृथ्वी के फोटो लिहल रिमोट सेंसिंग के बिधा के अंतर्गत आवे ला आ अइसन सैटेलाइट सभ जे ई फोटो खींचे लें इमेजिंग सैटेलाइट (फोटो खींचे वाला सैटेलाइट), अर्थ ऑब्जरवेशन सैटेलाइट भा रिमोट सेंसिंग सैटेलाइट कहालें। ई सैटेलाइट बिभिन्न देसन के सरकार द्वारा चाहे प्राइवेट कंपनी सभ द्वारा ऑपरेट कइल जा रहल बाड़ें।
सैटेलाइट इमेज सभ के बिबिध तरीका के इस्तेमाल बाटे जे सेना आ सरकार द्वारा जासूसी से ले के पर्यावरण संबंधी रिसर्च आ मानिटरिंग, नक्शा बनावे आ अउरी बिबिध क्षेत्रशामिल बाड़ें। एह फोटो सभ के इस्तेमाल जीआइएस में आँकड़ा (डेटा) के रूप में होला। भूगोल आ भूगोलीय रिसर्च में सैटेलाइट इमेज के खास महत्व बाटे आ ई एक किसिम के भूगोलीय आँकड़ा के रूप से इस्तेमाल होखे लीं।