वोल्गा
रूस में नदी; यूरोप के सभसे लमहर नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
वोल्गा नदी (अंग्रेजी: Volga river) यूरोप के सभसे लमहर नदी हवे। ई रूस में बा आ बिचला रूस से दक्खिनी रूस में होखत अंत में जा के कैस्पियन सागर में गिरे ले। एकर कुल लंबाई 3,531 किमी (2,194 मील) बाटे आ एकरे थाला के रकबा 1,360,000 किमी2 (1.46×1013 वर्ग फु) बा।[3] एभरेज जलबहावो के हिसाब से ई यूरोप के सभसे बड़हन नदी हवे जेकर कुल औसत बहाव 8,000 m3/s (280,000 cu ft/s) — 8,500 m3/s (300,000 cu ft/s) बाटे आ ई थाला (बेसिन) के एरिया के हिसाब से भी सभसे बड़ बा। एकरा के बहुधा रूस के राष्ट्रिय नदी कहल जाला। पुराना रूसी राज रस खागानाते एही नदी के इर्द-गिर्द 9वीं सदी के बिचला दौर में पैदा भइल। इतिहासी रूप से एह नदी के इलाका कई ठे यूरेशियाई सभ्यता सभ में मिलन के इलाका रहल हवे।
वोल्गा (Волга) | |
उल्यानोवस्क शहर के लगे वोल्गा नदी के सीन | |
देस | रूस |
---|---|
सहायिका | |
- बायें से | कामा |
- दहिने से | ओका |
शहर | त्वेर, यारोस्लाव, निझनी नोवगोरोद, कजान, उल्यानोव्स्क, समारा, सारातोव, वोल्गोग्राद, अस्तरखान |
उदगम | |
- लोकेशन | वाल्दाई पहाड़ी, त्वेर ओब्लास्त |
- ऊँचाई | 228[1] मी (748 फीट) |
- निर्देशांक | 57°9′N 32°36′E |
मुहाना | कैस्पियन सागर |
- ऊँचाई | −28[1] मी (−92 फीट) |
- निर्देशांक | 45°50′N 47°58′E [2] |
लंबाई | 3,530[1] किमी (2,193 मील) |
थाला | 1,380,000 किमी2 (532,821 वर्ग मील) |
जलनिकास | for अस्तरखान |
- औसत | 8,060 m3/s (284,636 cu ft/s) |
वोल्गा नदी के थाला (ड्रेनेज बेसिन) के नक्शा |
रूस में ई नदी उत्तरी बन वाला क्षेत्र से बह के जंगली स्टेपी आ फिर स्टेपी क्षेत्र में आवे ले। रूस के चार गो प्रमुख शहर एह नदी के तीरे बसल बाड़ें आ राजधानी मास्को एही नदी के थाला वाला इलाका में सामिल बा।
एह नदी पर कुछ बहुत बिसाल पानी के रिजर्वायर बनावल गइल बाने। ई नदी रूस के संस्कृति में आपन अलगे अस्थान रखे ले आ एकर प्रतीकात्मक महत्व रूसी साहित्य में आ रूसी लोककथा सभ में देखे लायक बा जहाँ एह नदी के माता (वोल्गा-मातुस्का, मने कि वोल्गा-माई) के दर्जा दिहल गइल बा। कुछ बिद्वान लोग इहो साबित करे ला कि कई वर्तमान नृजाति (एथनिक समूह) सभ के उत्पत्ती एही इलाका में भइल; उदाहरण खातिर, राहुल सांकृत्यायन वोल्गा से गंगा किताब लिखलें जेह में भारत के क्षेत्र में आवे वाला आर्य लोगन के मूल उत्पत्ती के अस्थान वोल्गा नदी के थाला के मानल गइल बा।
धियान देवे वाली बात ई बा कि वोल्गा यूरोप के सभसे लमहर नदी हवे बाकी रूस के ना; रूस के सबसे लमहर नदी ओब-इर्तिश नदी हवे।[1] अमेरिकी नदी से तुलना करत समय वोल्गा नदी के "रूस के मिसिसिप्पी" भी कहल जाला।