लेह
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
लेह भारत के लद्दाख क्षेत्र में एगो कस्बा बाटे जे लेह जिला के प्रशासनिक मुख्यालय हवे। ई पुराना समय में लद्दाखी राजघराना के राजधानियो रहे। लेह शहर 3,524 मीटर (11,562 फीट) के ऊँचाई पर बसल बा आ इहाँ के आबादी लगभग तीस हजार बाटे। ई शहर जम्मू काश्मीर के राजधानी श्रीनगर से नेशनल हाइवे नं. 1 द्वारा जुड़ल बा आ लेह-मनाली हाइवे एकरा के हिमाचल प्रदेश के शहर मनाली से जोड़े ला। हिमालय पार के पहाड़ी इलाका में एतना ऊँचाई पर बसल एह शहर के जलवायु ठंढा रेगिस्तानी प्रकार के जलवायु हवे बाकी अचानक बर्फबारी आ अचानक होखे वाली बरखा के बाढ़ (फ्लैश फ्लड) से परभावित इलाका हवे। 2010 में अइसने एगो अचानक बाढ़ से इहाँ काफी नोकसान भइल रहे।
लेह | |
---|---|
शहर | |
![]() लेह के शाही महल | |
Coordinates: 34°08′43.43″N 77°34′03.41″E | |
देश | भारत |
संघ राज्यक्षेत्र | लद्दाख |
जिला | लेह जिला |
Area | |
• Total | 45,110 किमी2 (17,420 बर्ग मील) |
Elevation | 3,500 m (11,500 ft) |
Population (2011) | |
• Total | 30,870 |
• Density | 0.68/किमी2 (1.8/बर्ग मील) |
जनसांख्यिकी | |
• भाषा सभ | लद्दाखी, उर्दू/हिंदी, अंग्रेजी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
Website | leh |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.