![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/79/Eurasian_steppe_belt.jpg/640px-Eurasian_steppe_belt.jpg&w=640&q=50)
यूरेशियाई स्टेप
From Wikipedia, the free encyclopedia
यूरेशियाई स्टेप (अंग्रेजी: Eurasian steppe) भा यूरेशियाई स्टेपी, जेकरा के ग्रेट स्टेप (great steppe) चाहे द स्टेप्स (the steppes) भी कहल जाला, एगो बिसाल स्टेप इकोप्रदेश हवे जे यूरेशिया में बा आ ई समशीतोष्ण कटिबंधी (टेम्परेट) घास के मैदान, सवाना आ झाड़ीदार बायोम के हिस्सा हवे। एकर बिस्तार पच्छिम में हंगरी, बुल्गारिया, रोमानिया, मोल्डोवा, यूक्रेन, पच्छिमी रूस, साइबेरिया, कजाकिस्तान, शिनजियांग, मंगोलिया आ मंचूरिया में बा, एकर एगो बाहर छटकल हिस्सा (एक्स्क्लेव) हंगरी में बाटे जेकरा के पैनोनियन स्टेप चाहे पुस्ता कहल जाला।
![Eurasian steppe belt (turquoise)](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/79/Eurasian_steppe_belt.jpg/640px-Eurasian_steppe_belt.jpg)
पुरापाथरजुग (पैलियोलिथिक) से स्टेप रूट बिचला यूरोप, पूरबी यूरोप, पच्छिमी एशिया, मध्य एशिया आ दक्खिन एशिया के आर्थिक, राजनीतिक, आ सांस्कृतिक रूप से जोड़े वाला ब्यापार-बाणिज्य के मार्ग रहल बाटे। स्टेप रूट खाली भर पुराना मध्यकाल के सिल्क रूट के पुरखा ना हवे बलुक आधुनिक जमाना के यूरेशियाई जमीनी पुल के पुरखा भी मानल जाला। ई इलाका घुमंतू लोगन के कई गो साम्राज्य सभ के इलाका रहल हवे आ कई ठे आदिवासी संघ (ट्राइबल कन्फ़ेडरेशन) सब के आ प्राचीन राज्य सभ के बिस्तार क्षेत्र रहल हवे; उदाहरण खातिर शियोंग्नू, शीथिया, सिमेरिया, हूण साम्राज्य, कोरास्मिया, ट्रांसोग्जियाना, सोग्डिया, शियान्बेई, मंगोल साम्राज्य, आ गोकतुर्क खांगानाते के नाँव गिनावल जा सके ला।