मन्नार के खाड़ी
From Wikipedia, the free encyclopedia
मन्नार के खाड़ी हिंद महासागर में लक्षदीप सागर के हिस्सा हवे आ बड़हन आकार के उथला सागरी हिस्सा हवे जे भारत आ श्रीलंका के बीचा में बा आ एकर उत्तरी सीमा दीप आ छिछिला सागर, चट्टान वगैरह के बनल लड़ी रामसेतु भा एडम्स ब्रिज से बने ला, जे एह खाड़ी के पाक खाड़ी के अलगा करे ला।
Quick Facts Gulf of Mannar, लोकेशन ...
Gulf of Mannar | |
---|---|
लोकेशन | Tamil Nadu |
निर्देशांक | 8.47°N 79.02°E / 8.47; 79.02 |
थाला के देस | India, Sri Lanka |
अधिकतम लंबाई | 160 किमी (99 मील) |
अधिकतम चौड़ाई | 130–275 किमी (81–171 मील) |
सतह क्षेत्र | 10,500 किमी2 (1.13×1011 वर्ग फु) |
औसत गहिराई | 1,335 मी (4,380 फीट) |
संदर्भ | [1][2] |
Close
एकर नाँव रामसेतु वाल दीप सभ के लड़ी में से एगो दीप के नाँव पर पड़ल हवे जेकर नाँव मन्नार दीप हवे। एह खाड़ी में डुगोंग नामक जीव पावल जाला जेकरा के समुंद्री गाय भी कहल जाला। ई छिछिला समुंद्र में तली पर जामल घास चरे ला।