बरसात

साल के अइसन सीजन जेह में बरखा खूब होखे From Wikipedia, the free encyclopedia

बरसात के सीजन भा मानसून सीजन साल के अइसन हिस्सा होला जवना में बरखा होले। अइसन ऋतु उष्णकटिबंधी आ उपउष्णकटिबंधी इलाका सभ के खास बिसेसता हवे, जहाँ साल भर के कुल बरखा के ज्यादातर हिस्सा साल के कुछ महीना में हो जाले। भारत, नेपाल, बांग्लादेस नियर देसन में बरसात के सीजन जून, जुलाई आ अगस्त होला। एकरे बिपरीत कुछ किसिम के सवानाभूमध्यसागरीय इलाका सभ में जाड़ा के ऋतु में बरखा होला। धियान देवे के बात इहो बा कि धरती पर कुछे इलाका अइसन बाने जहाँ साल के कवनों हिस्सा के साफ़-साफ बरखा के सीजन के रूप में चिन्हित कइल जा सके ला, बाकी इलाका सभ में बरखा के मात्रा पूरा साल भर एकही नियर होले।

कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में उष्णकटिबंधी इलाका सभ में अइसन महीना जेह में 60 मिलिमीटर से ढेर बरखा होखे, बरसात के सीजन भा नम सीजन कहल गइल बा।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.