![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/92/Waste_cocobeach_india.jpg/640px-Waste_cocobeach_india.jpg&w=640&q=50)
प्लास्टिक प्रदूषण
प्लास्टिक के पर्यावरण में प्रवेश आ खराब परभाव / From Wikipedia, the free encyclopedia
प्लास्टिक प्रदूषण, पर्यावरण में प्लास्टिक के प्रवेश आ एकरा से जियाजंतु, इनहन के प्राकृतिक आवास आ मनुष्य पर पड़े वाला खराब परभाव हवे।[1][2] जवन पलास्टिक प्रदूषक के रूप में काम करे लें उनहना के साइज के आधार पर तीन कटेगरी में बाँटल जाला: माइक्रो-, मेसो-, आ मैक्रो- कचड़ा; मने कि बहुत छोट साइज के, माझिल साइज के आ बड़हन साइज के कचड़ा।[3] प्लास्टिक सस्ता होखे ला आ बहुत दिन ले चले ला, एकर इस्तेमाल बहुत बिबिध प्रकार से कइल जा सके ला; इहे कारन बा कि आदमी द्वारा पलास्टिक के इस्तेमाल बहुत भारी मात्रा में पूरा दुनिया में हो रहल बा।[4] दूसर बात ई कि, जादेतर प्लास्टिक सभ के रचना अइसन होला कि ऊ प्राकृतिक तरीका से टूट के आसान तत्व में बदल जाए के बिबिध प्रक्रिया सभ के प्रति रोधक (रेजिस्टेंट) होखे लें। परिणाम ई कि इनहन के प्राकृतिक बिघटन बहुत धीरे होला।[5] ई दुनों कारण मिल के प्लास्टिक के पर्यावरण खातिर प्रदूषक चीज बानवे में योगदान करे लें आ ई एगो घातक प्रदूषक बन गइल बा।
![बीच के किनारे प्लास्टिक के बोतल इत्यादि](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/92/Waste_cocobeach_india.jpg/640px-Waste_cocobeach_india.jpg)
![बीच के किनारे प्लास्टिक के बोतल इत्यादि](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/9a/Plastic_Pollution_in_Ghana.jpg/640px-Plastic_Pollution_in_Ghana.jpg)