From Wikipedia, the free encyclopedia
२० सितंबर २०१५ के जारी भइल संविधान के हिसाब से नेपाल के भारतीय राज्य प्रणाली के जइसने सात गो राज्य (प्रदेश) में हिस्सा कऽ दिहल गइल बा।
नेपाल के प्रदेश | |
---|---|
श्रेणी | प्रदेश |
लोकेशन | संघीय लोकतांत्रिक गणराज्य नेपाल |
निर्माण | २० सितम्बर २०१५ |
संख्या | ७ |
सरकार | गवर्नर मुख्यमंत्री |
उपबिभाग | जिला |
संविधान के धारा २९५ (ख) के अनुसार प्रदेशन के नामकरण संबंधित प्रदेश के संसद (विधान सभा) में दु तिहाई बहुमत से होखे के प्रावधान बा।
प्रदेश १ जेकर नामकरण अभी होखे के बाकी बा, नेपाल के सात प्रदेश सभ में से एगो ह, जवन नेपाल के पूरबी छोर पर स्थित बा। ई के पूरब में भारत के प्रदेश सिक्किम आ पश्चिम बंगाल के उत्तरी हिस्सा बा। पश्चिम में प्रदेश ३ बा तथा उत्तर में चीन के तिब्बत आउर दक्षिण में भारत के बिहार राज्य स्थित बा। दक्षिण-पश्चिम में नेपाल के प्रदेश २ स्थित बा। ई प्रदेश में १४ गो जिला कुल बाड़े।
जनसंख्या: 4,534,943; क्षेत्र: 25,905 किमी²[1]
प्रदेश २ नेपाल के पूर्वी तराई क्षेत्र में स्थित बा। ई प्रदेश में कुल ८ गो जिला कुल बाड़े। इऽ के पूरब के २ गो जिला प्रदेश १ से सटल बाड़े, बाकी के ६ गो जिला प्रदेश ३ से उत्तर देने से सटल बा। इऽ के दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा। इऽ प्रदेश के नाम मधेश प्रदेश या मिथिला प्रदेश हो सकत बा।
जनसंख्या: 5,404,145; क्षेत्र: 9,661 किमी²[1]
प्रदेश ३ अधिकतर पहाड़ी आ हिमालयी क्षेत्र में फैलल बा। इऽ प्रदेश के मात्र १ गो जिला दक्षिण में आके भारत से सटल बा। नेपाल कि राष्ट्रीय राजधानी भी एहि प्रदेश में आवेला।
इऽ प्रदेश में १३ गो जिला कुल बाड़े:
प्रदेश ४ नेपाल के नयका संविधान जवन २० सिंतबर २०१५ के लागू भइल ओहि के द्वारा स्थापित एगो प्रदेश ह जेवना के अभी प्रदेश विधानसभा द्वारा नामांकन होखल बाकी बा।
इऽ प्रदेश में ११ गो जिला सभ बाड़े:
प्रदेश ५ नेपाल के सात प्रदेशवन में से एगो ह। इऽ प्रदेश में १३ गो जिला सभ बाड़े। इऽ में से ६ गो उत्तरी-पहाड़ी जिला कुल प्रदेश ४ आ प्रदेश ६ में रखल जा सकत बा।
इऽ प्रदेश के जिला सभ:
प्रदेश ६ नेपाल के सात प्रदेशवन में से एगो ह। इऽ प्रदेश में १० गो जिला कुल बाड़े।
इऽ प्रदेश के जिला सभ:
प्रदेश ७ नेपाल के सात प्रदेशवन में से एगो ह जवन नेपाल के सब से पश्चिम में स्थित बा।
इ प्रदेश में ९ गो जिला सभ बाड़े:
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.