नेपाल
दक्खिन एशिया में एगो देस / From Wikipedia, the free encyclopedia
नेपाल संविधान के हिसाब से आधिकारिक रूप से संघिय लोकतांत्रिक गणतंत्र नेपाल कहल जायेला, इ दक्षिण एशिया में एगो भूपरिवेष्ठित या स्थलरुद्ध हिमालयी राष्ट्र ह। नेपाल भूगोलीय रूप से एगो सुन्नर देश ह। नेपाल एगो बहुभाषिक, बहुसांस्कृतिक देश ह। नेपाल में नेपाली भाषा के आलावा भोजपुरी, मैथिली, मगही, थारु, अवधी आदि भासा बोलल जायेला। नेपाल के भूगोलीय अवस्थिती अक्षांश 26 डिग्री 22 मिनट से 30 डिग्री 27 मिनट उत्तर अउर 80 डिग्री 4 मिनट से 88 डिग्री 12 मिनट पूर्वी देशान्तर ले फैलल बा। इ देश के कुल क्षेत्रफल 1,47,516 वर्ग किमी बा। इ क्षेत्रफल पृथ्वी के कुल क्षेत्रफल के हिसाब से 0.03 % अउर एशिया महाद्वीप के हिसाब से 0.3 % बा । लन्दन स्थित ग्रीनवीच मिनटाइम से पूर्वतर्फ रहला के कारण गौरीशंकर हिमालय लघ होके गइल 86 डिग्री 15 मिनेट पूर्वी देशान्तर के आधार पर नेपाल के प्रमाणिक समय 5 घण्टा 45 मिनट रखल गइल बा।
एह लेख में सफाई के जरूरत हो सकेला जवना से कि ई विकिपीडिया के गुणवत्ता पैमान पर सही उतर सके। लेख में समस्या ई बा कि: भाषा आ ब्याकरण के सुधार के जरूरत बाटे। (अगस्त 2014) |
संघीय लोकतान्त्रिक गणराज्य नेपाल | |
---|---|
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | काठमांडू |
ऑफिशियल भाषा | नेपाली[1] |
लोग कहाला | नेपाली |
सरकार | संयुक्त सरकार |
• राष्ट्रपति | रामचन्द्र पौडेल |
पुष्पकमल दाहाल | |
एकीकरण 21 दिसंबर 1768 | |
• गणराज्य | 28 दिसंबर 2007 |
• जल (%) | 2.8 |
जनसंख्या | |
• जुलाई 2007 अनुमान | 28,901,790 (40वां) |
• 2002 जनगणना | 23,151,423 |
जीडीपी (पीपीपी) | 2006 अनुमान |
• कुल | $48.18 बिलियन (87वां) |
• प्रति ब्यक्ति | $1,500 (164 वां) |
गिनी (2003–04) | 47.2 high |
एचडीआइ (2018) | 0.579 medium · 147 वां |
करेंसी | रुपिया (एनपीआर) |
टाइम जोन | नेपाल समय (यूटीसी+5:45) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | - (यूटीसी+5:45) |
कालिंग कोड | 977 |
इंटरनेट टीएलडी | .एनपी |
नेपाल के पूर्वी सीमा से पश्चिमी सीमा ले नेपाल के कुल लंबाई 885 कि.मि बा अउर उत्तर से दक्षिण के चौड़ाई एक बराबर नइखे। नेपाल के पूर्वी हिस्सा के अपेक्षा पश्चिमी हिस्सा अधिक चौड़ा बा वैसे मध्य भाग तनिक सिकुड़ल बा अर्थात एकर अधिकतम चौड़ाई 241 किमी आ न्युनतम चौड़ाई 145 किमी बा। ए प्रकार से नेपाल के औसत चौड़ाई 193 किमी बा। नेपाल के उत्तर में चीन के स्वशासित क्षेत्र तिब्बत पड़ेला आ दक्षिण, पूरब आ पश्चिम तीन तरफ से भारत पड़ेला। नेपाल के 85 % से अधिक नागरिक हिन्दू धर्म मानेला लोग। इ प्रतिशत भारत के प्रतिशत से अधिक बा, एही से नेपाल विश्व के सबसे अधिक प्रतिशत हिन्दू धर्म माने वालन के देश ह। एगो उल्ल
नेपाल के भूगोलीय विविधता अन्घा उल्लखनीय बा। अहिजा तराई के उष्ण फाँट बा त हिमालय के खूब ठंडा क्षेत्र भी अवस्थित बा। संसार के सबसे ऊँच 14 गो शिखर में से आठ गो ऊँच शिखर नेपाल में पड़ेला, जे में संसार के सबसे ऊँच शिखर एवेरेस्ट (जे के नेपाली भाषा में सगरमाथा कहल जायेला) नेपाल आ चीन के सीमा पर स्थित बा। नेपाल के राजधानी आ सब से बड़ शहर काठमांडू ह। काठमांडू, ललितपुर आ भक्तपुर इ तीन गो शहर कुल काठमांडू घाटी में पड़ेला। नेपाल के अन्य प्रमुख शहरन में बा भरतपुर, बिराटनगर, भैरहवा, वीरगञ्ज, जनकपुर, पोखरा, नेपालगञ्ज आ महेन्द्रनगर।
एगो राजतंत्र के रूप में, इतिहास में इ देश पर शाह राजवंश सब से अधिक समय तक शासन कइले बा — 1768 (जवना घड़ी पृथ्वीनारायण शाह छोट छोट राज्यन के एकीकृत करे के शुरू कइलन) से लेकर के 2008 तक। नेपाल के कम्युनिस्ट पार्टी द्वारा एक सदी तक कइल गइल जन युद्ध, लगभग नेपाल के सब बड़हन पार्टी द्वारा कई सप्ताह तक चलल आंदोलन राजा के झुके पर मजबूर कर दिहलस आ 22 नवम्बर 2005 के 12 बिंदु पर सहमति खातिर राजा के तइयार के पड़ल। 28 मई 2008 के नेपाल में प्रथम संबिधान सभा खातिर चुनाव भइल जे में लोग के मत रहल की राजतंत्र के खतम कर के बहुपार्टी प्रणाली के अन्तगर्त संघीय लोकतांत्रिक गणतंत्र के स्थापना होखे।
लगातार नेता कुल के कलह के कारण पहिलका संबिधान सभा के चुनाव के बाद भी संबिधान ना बन पावल आ तारीक खतम हो गइल। 2013 में फेर दूसरा हाली मतदान भइल आ अबेर सबेर संबिधान बन गइल। 20 सितम्बर 2015 के नयका संविधान बनला के साथ लागू हो गइल।
नेपाल एगो विकाशसिल देश ह जेने बहुत कम आर्थिक आय बा, मानव विकास सूचकांक के 2014 के रिपोर्ट के अनुसार नेपाल के न्यूनतम आय दर नेपाल के 187 गो देश में से नेपाल के 145वां स्थान पर रखत बा। इ देश लगातार गरीबी आ उच्च स्तर के खाना के कमी से लड़ रहल बा। एतना कुछ के बावजूद भी इ देश तनी विकास दर में सुधार लईले बा, अहिजा के सरकार के कहनाम बा की साल 2022 ले देश के कम से कम विकसित राष्ट्र बना लियाई।