![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/ec/Shri_Nitin_Jairam_Gadkari.jpg/640px-Shri_Nitin_Jairam_Gadkari.jpg&w=640&q=50)
नितिन गडकरी
भारतीय राजनीतिक नेता आ परिवहन मंत्री / From Wikipedia, the free encyclopedia
नितिन जयराम गडकरी (जनम 27 मई 1957) महाराष्ट्र के एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़न[1] जे भारत सरकार में सड़क परिवहन आ हाइवे खातिर 40वाँ मंत्री के रूप में काम करत बाड़ें।[2] ऊ सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्रालय के सभसे लंबा समय ले काम करे वाला मंत्री भी बाड़ें जे वर्तमान में नौ साल से ढेर समय से आपन कार्यकाल चला रहल बाड़ें।[3] एकरा पहिले गडकरी 2009 से 2013 ले भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष रह चुकल बाड़न।[4]
नितिन गडकरी | |
---|---|
![]() साल 2023 में गडकरी | |
सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्री | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 26 May 2014 | |
राष्ट्रपति | प्रणब मुखर्जी रामनाथ कोविंद द्रौपदी मुर्मू |
प्रधानमंत्री | नरेंद्र मोदी |
इनसे पहिले | ऑस्कर फर्नांडीज |
निजी जानकारी | |
जनम | (1957-05-27) 27 मई 1957 (उमिर 67) नागपुर, बंबई स्टेट (आज के महाराष्ट्र), भारत |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय जनता पार्टी |
जीवनसाथी | कंचन गडकरी |
संतान | 3 (2 बेटा आ 1 बेटी) |
पढ़ाई |
|
महतारी संस्था | नागपुर विश्वविद्यालय |
अकुपेशन |
|
वेबसाइट | nitingadkari |
फिलहाल उ लोकसभा में नागपुर क्षेत्र के प्रतिनिधित्व करत बाड़न जबकि पेशा से वकील आ बिजनेसमैन हवें। एकरा से पहिले उ अउरी कई मंत्रालय सब में मंत्री के रूप में रह चुकल बाड़न जइसे की - जल संसाधन अवुरी नदी विकास, जहाजरानी, ग्रामीण विकास अवुरी एमएसएमई। 7 जुलाई 2021 के मंत्रिमंडल फेरबदल के दौरान एमएसएमई मंत्रालय जवन उनुका अधीन रहे ओकरा के मंत्रिमंडल विस्तार के हिस्सा के तौर प महाराष्ट्र से भाजपा के एगो अवुरी सांसद नारायण राणे के फेर से सौंपल गइल। नरेंद मोदी के तिसरा मंत्रिमंडल में गडकरी फेरु से सड़क परिवहन आ हाइवे मंत्रालय के मंत्री के रूप में 9 जून 2024 के शपथ लिहलन।
मुंबई-पुणे एक्सप्रेसवे के सुरुआत आ एक्सप्रेसवे आ अउरी सड़क बुनियादी ढांचा के बिकास में योगदान के कारण मीडिया द्वारा अक्सर इनके "भारत के एक्सप्रेसवे मैन" कहल जाला।[5][6] वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम इनके "भारत में सड़क क्षेत्र में पब्लिक-प्राइवेट पार्टनरशिप (पीपीपी) के अगुआ" के रूप में मान्यता देले बा।[7] सड़क आ परिवहन मंत्री के रूप में उनुका कार्यकाल में भारतीय राजमार्ग नेटवर्क में 9 साल के भीतर 59% के बढ़ोतरी भइल।[8]