नदी डेल्टा
From Wikipedia, the free encyclopedia
"डेल्टा" इहाँ अनुप्रेषित बाटे। अन्य अरथ खातिर, देखल जाय डेल्टा (बहुअर्थी)।
डेल्टा चाहे नदी डेल्टा (अंग्रेजी: river delta) एगो नदी निर्मित थलरूप हवे। नदी जब समुंद्र में मिले ले आ अपना मुहाना पर बालू-माटी आ गाद जमा क के समुंद्र में त्रिभुज के आकार के हिस्सा बनावे ले, नदी दुआरा पाट-पाट के समुन्द्र के भीतर बढ़ गइल अइसन हिस्सा डेल्टा कहाला। ई एगो अइसन थलरूप हवे जेकर आकृति टिपिकल त्रिभुज, मने कि, यूनानी भाषा के अच्छर डेल्टा (Δ) नियर होले आ नील नदी के डेल्टा के देख के एकर नाँव डेल्टा रखल गइल हवे।