दुर्गा पूजा
देवी दुर्गा के पूजा के नौ दिन चले वाला हिंदू तिहुआर / From Wikipedia, the free encyclopedia
दूर्गा पूजा, जौना के दुर्गोत्सव के नाँव से भी जानल जाला, चाहे शरदोत्सव, पुरा दक्खिनी एशिया में मनावल जाए वाला एगो सालाना हिंदू तिहुआर ह जे में हिंदू देवी दुर्गा के पूजा कइल जाले। ए में छः दिन के महालय, षष्ठी, महा सप्तमी, महा अष्टमी, महा नवमी आ विजयदशमी के रूप में मनावल जाला। दुर्गा पूजा मनावे के तिथि सब पारम्परिक हिंदू पतरा की हिसाब से आवे लीं आ ए तिहुआर से जुड़ल कुआर महीना की अँजोर पाख के देवी पक्ष, देवी पखवाड़ा के नाँव से भी जानल जाला।
दुर्गा पूजा | |
---|---|
ऑफिशियल नाँव | दुर्गा पूजा |
अन्य नाँव | अकाल बोधन |
मनावे वाला | हिंदू |
प्रकार | हिंदू |
सुरू | कुआर महीना के अँजोर पाख के छठ से[1] |
अंत | कुआर के अँजोर पाख के दशमी तिथि के[1] |
समय | Ashvin Shukla Pratipada, Ashvin Shukla Dwitiya, Ashvin Shukla Tritiya, Ashvin Shukla Chaturthi, Ashvin Shukla Panchami, Ashvin Shukla Shashthi, Ashvin Shukla Saptami, Ashvin Shukla Ashtami, Ashvin Shukla Navami, Ashvin Shukla Dashami |
केतना बेर | सालाना |
संबंधित बा | महालय, नवरात्र, दशहरा |
दुर्गा पूजा के ई पर्व हिंदू देवी दुर्गा के बुराई के चीन्हा राक्षस महिषासुर पर विजय के रूप में मनावल जाला। एही से दुर्गा पूजा के ई पर्व बुराई पर भलाई के बिजय के रूप में भी मानल जाला।
दुर्गा पूजा भारतीय राज्य असम, बिहार, झारखण्ड, मणिपुर, ओडिशा, त्रिपुरा आ सभसे ढेर पश्चिम बंगाल में व्यापक रूप से मनावल जाला है जहाँ ए समय पांच-दिन के सालाना छुट्टी रहे ले।[2] बंगाली हिंदू आ आसामी हिन्दुअन के बहुलता वाला क्षेत्र जइसे की पश्चिम बंगाल, असम, त्रिपुरा में ई साल के सभसे बड़हन उत्सव मानल जाला। ई ख़ाली हिंदू लोगन के तिउहार ना हवे बलुक ई बंगाली हिंदू समाज में सामाजिक-सांस्कृतिक रूप से सबसे महत्व वाला तिहुआर भी हवे। पश्चिमी भारत के अलावा दुर्गा पूजा के उत्सव दिल्ली, उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात, पंजाब, कश्मीर, आन्ध्र प्रदेश, कर्नाटक आ केरल में भी मनावल जाला। दुर्गा पूजा के तिहवार 91% हिंदू आबादी वाले नेपाल आ 8% हिंदू आबादी वाले बांग्लादेश में भी एगो बड़ परब के रूप में मनावल जाला। वर्तमान में विभिन्न प्रवासी आसामी आ बंगाली सांस्कृतिक संगठन, संयुक्त राज्य अमेरीका, कनाडा, यूनाइटेड किंगडम, ऑस्ट्रेलिया, जर्मनी, फ्रांस, नीदरलैण्ड, सिंगापुर आ कुवैत सहित अलग-अलग देसवन में भी धूमधाम से ई तिहवार मनावे ला लोग। साल 2006 में ब्रिटिश संग्रहालय में एगो बिसाल दुर्गापूजा के उत्सव के आयोजन भइल रहे।[3]
दुर्गा पूजा के परचार आ एकर परसिद्धि ब्रिटिश राज में बंगाल आ भूतपूर्व असाम में धीरे-धीरे बढ़ल।[4] हिंदू सुधारक लोग दुर्गा के भारत में एगो नया पहिचान दिहल आ एकरा के भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन के चीन्हा भी बनावल।