![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/78/Bengal-Tiger_Corbett_Uttarakhand_Dec-2013.jpg/640px-Bengal-Tiger_Corbett_Uttarakhand_Dec-2013.jpg&w=640&q=50)
तराई आर्क लैंडस्केप
तराई इलाका में भारत आ नेपाल में 14 गो प्रोटेक्टेड एरिया सभ / From Wikipedia, the free encyclopedia
तराई आर्क लैंडस्केप (अंग्रेजी: Terai Arc Landscape) (संछेप में TAL भा टीएएल) हिमालय के तराई इलाका में भारतीय आ नेपाली क्षेत्र में 14 गो संरक्षित (प्रोटेक्टेड एरिया) सभ के समूह हवे।[1][3] एह 14 गो ट्रांस-बार्डर प्रोटेक्टेड एरिया सभ के कुल रकबा लगभग 12.3 मिलियन एकड़ (5 मिलियन हेक्टेयर) बाटे आ ई पच्छिम में यमुना नदी के तीरे से ले के पूरुब में बागमती नदी के तीरे ले 810 किलोमीटर लमहर बिस्तार लिहले एरिया में बाड़ें।[4][1]
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/78/Bengal-Tiger_Corbett_Uttarakhand_Dec-2013.jpg/640px-Bengal-Tiger_Corbett_Uttarakhand_Dec-2013.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/ca/Grus_antigone_Luc_viatour.jpg/640px-Grus_antigone_Luc_viatour.jpg)
टीएएल कई किसिम के मैमल सभ के आवास हवे जेह में बंगाल टाइगर सामिल बाटे (जेकर एहिजे दुनियाँ में सभसे बेसी घनत्व पावल जाला),[1][3] भारतीय गैंडा, एशियाई हाथी, गौर, हिस्पिड हेयर (एगो खरगोस) स्लौथ भालू, दखिन एशियाई नदी सूंस, आ चीतल सामिल बाड़ें। एकरे अलावा करीबन 500 प्रजाति के चिरई पावल जालीं जिनहन में कई गो खतरा में घोषित प्रजाति बाड़ीं। एह में बंगाल फ्लोरिकन, सारस क्रेन आ करिया स्टोर्क सामिल बाड़ें।[5]
टीएएल के नदी आ आर्द्रभूमि सभ समृद्ध आ बिबिध पारिस्थितिकी तंत्र हवें जे कई ठे स्थानिक प्रजाति सभ के सपोर्ट करे लीं जिनहन में चिरई आ स्तनधारी सभ के अलावा मछरी, उभयचर आ मीठा पानी के क्रस्टेशियन सभ के बिसाल रेंज के सामिल बाड़ीं।[5]