चिनाब नदी
भारत आ पाकिस्तान में बहे वाली एगो प्रमुख नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
चिनाब नदी (अंग्रेजी: Chenab river) भारत आ पाकिस्तान में बहे वाली एगो नदी बा। ई पंजाब क्षेत्र के पाँच गो प्रमुख नदी सभ में से एक हवे। नदी हिमालय परबत से निकले ले, एकर उदगम भारतीय राज्य हिमाचल प्रदेश के लाहुल-स्पीती जिला में चंद्रा आ भागा दू गो धारा के रूप में होला, मिले पर चंद्रभागा नाँव पड़े ला। हिमाचल प्रदेश से आगे बढ़े पर ई नद्दी जम्मू-काश्मीर राज्य के किश्तवार इलाका से होके बहे ले आ एकरे बाद पाकिस्तान में परवेश करे ले। पाकिस्तान में पंजाब प्रांत में एह नदी में दहिने से झेलम नदी आ बाएँ से रावी नदी आ के मिले लीं। अंत में ई नदी सतलज में मिल जाले आ चिनाब आ सतलज के संगम के बाद ई पंजनद कहाला जे सिंधु नदी में जा के मिले ला। सिंधु जल समझौता के शर्त के अनुसार चिनाब के पानी पर पाकिस्तान के अधिकार हवे।
Quick Facts देस, उदगम ...
चिनाब नदी | |
चेनाब / ਚਨਾਬ / چناب | |
River | |
पुराना ब्रिज, रामबन जिला, जम्मू अउरी काश्मीर, भारत. | |
देस | भारत, पाकिस्तान |
---|---|
सहायिका | |
- दहिने से | मारूसदर नदी[1] |
उदगम | बड़ा लाचा दर्रा |
- निर्देशांक | 32°38′09″N 77°28′51″E |
मुहाना | Confluence with Sutlej to form the Panjnad River |
- लोकेशन | भावलपुर जिला, पंजाब, पाकिस्तान |
- निर्देशांक | 29°20′57″N 71°1′41″E |
लंबाई | 960 किमी (597 मील) लगभग. |
जलनिकास | for अखनूर |
- औसत | 800.6 m3/s (28,273 cu ft/s) [2] |
सिंधु आ एकरे सहायिका नदी सभ के नक्शा में चिनाब नदी के लोकेशन | |
Close