गोदावरी नदी
दक्खिन भारत के एगो प्रमुख नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
गोदावरी नदी दक्खिन भारत में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी ह। यह महाराष्ट्र से निकल के बंगाल के खाड़ी में गिरती है। गोदावरी नदी भारत के दूसरी सबसे लंबी नदी है, गंगा नदी के बाद। एकरा निकसे के सोता महाराष्ट्र के त्रयंबकेश्वर में बा।[4] इहाँ से निकसे के बाद ई 1,465 किलोमीटर (910 मील) के दूरी तय करे ले जेकरे दौरान ई महाराष्ट्र (48.6 %), तेलंगाना (18.8 %), आंध्र प्रदेश (4.5 %), छत्तीसगढ़ (10.9 %), मध्य प्रदेश (10.0 %), ओडिशा (5.7 %), कर्नाटक (1.4 %) आ पुद्दुचेरी (यनम) से हो के गुजरे ले आ अंत में बंगाल के खाड़ी में अपने सहायिका सभ के बिसाल नेटवर्क से एकट्ठा कइल पानी गिरावे ले।[5] एक थाला (बेसिन) लगभग 312,812 किमी2 (120,777 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा आ एह तरीका से ई भारतीय उपमहादीप के सभसे बिसाल नदी थाला सभ में से एक हवे; खाली गंगा आ सिंधु नदी के थाला एकरा ले बड़हन बाने।[6] लंबाई, थाला के साइज आ कुल पानी के बहाव, सभ मामिला में ई प्रायदीपी भारत के सभसे बड़ नदी ठहरे ले; मुला एही कारन एकरा के दक्खिन गंगा के उपाधि दिहल गइल होखी।[7]
गोदावरी | |
दक्षिण गंगा | |
River | |
गोदावरी पर बनल एगो बंधा | |
देस | भारत |
---|---|
राज्य | महाराष्ट्र, तेलंगाना, छत्तीसगढ़, आंध्र प्रदेश, पांडिचेरी (यनम) |
प्रदेश/क्षेत्र | दक्खिन भारत, पच्छिम भारत |
सहायिका | |
- बायें से | बाणगंगा, कादवा, शिवना, पूर्णा, कदम, प्राणहिता, इंद्रावती, तालिपेरु, सबरी |
- दहिने से | नासार्दी, दरना, प्रवरा, सिंदफाना, मांजरा, मनेर, किन्नारासनी |
उदगम | |
- लोकेशन | ब्रह्मगिरि पहाड़ी, त्र्यंबकेश्वर, नासिक, महाराष्ट्र, भारत |
- ऊँचाई | 920 मी (3,018 फीट) |
- निर्देशांक | 19°55′48″N 73°31′39″E |
मुहाना | |
- लोकेशन | अंतर्वेदी, बंगाल के खाड़ी में, पूर्ब गोदावरी, आंध्र प्रदेश, भारत |
- ऊँचाई | 0 मी (0 फीट) |
- निर्देशांक | 17°0′N 81°48′E [1] |
लंबाई | 1,465 किमी (910 मील) |
थाला | 312,812 किमी2 (120,777 वर्ग मील) |
जलनिकास | |
- औसत | 3,505 m3/s (123,778 cu ft/s) [2] |
Discharge elsewhere (average) | |
- पोलावरम (1901–1979) | 3,061.18 m3/s (108,105 cu ft/s) [3] |
गोदावरी के रास्ता के नक्शा |
हिंदू ग्रंथ सभ एह नदी के बरनन सदियन से मिले ला आ एकरे थाला में बहुत समृद्ध संस्कृति के बिकास भइल बा। पछिला कुछ दशक में, नदी के धारा रोक के कई गो बंधा बनावल गइल बाड़ें जिनहन से एकर बहाव रुकल बा। एह नदी के डेल्टा वाला इलाका में जनघनत्व 729 ब्यक्ति/किमी2 — देस के औसत के लगभग दुन्ना बाटे, आ ई डेल्टाई इलाका ख़तरा में भी बतावल जा रहल बा अगर समुंद्र तल में चढ़ाव होखे।[8][9]