From Wikipedia, the free encyclopedia
उत्तर प्रदेश बिधानसभा चुनाव, 2017 भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के 17वीं बिधानसभा खातिर भइल चुनाव रहल जे 11 फरवरी 2017 से 8 मार्च 2017 के बीच सात चरण में संपन्न भइल। एकरा पहिले सन 2012 में चुनाव भइल रहल जेह में समाजवादी पार्टी जीतल रहल।
| |||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
वर्तमान चुनाव के परिणाम, 11 मार्च 2017 के घोषित होखे वाला बाटे।
जनवरी 2016 में भारतीय चुनाव आयोग, अपडेट कइल मतदाता सूची छपलस, सगरी 403 सीट सभ खातिर।[2] जुलाई 2016 में चुनाव आयोग मतदान बूथ के संख्या बढ़ावे के फैसला लिहलस।[3][4] मतदाता मदद बूथ स्थापित कइल गइल आ नया डिजाइन में मतदान पर्ची जारी कइल गइल। पहिली बेर, फार्म-2B पर प्रत्याशी के फोटो आ राष्ट्रीयता छपल।
वोटर-वेरिफाइड पेपर ऑडिट ट्रेल (VVPAT) मशीन के ईवीऍम के साथ इस्तमाल 60 गो क्षेत्रन में भइल जेह में बनारस,[5][6] गाजियाबाद[7] आ बरेली बिधान सभा क्षेत्र सामिल रहलें।[8][9]
वोटर लिस्ट के के स्पेशल समीक्षा में ई बतावल गइल की जनवरी 2015 तक ले उत्तर प्रदेश में कुल 14.05 करोड़ वोटर लोग रहल।[10]
क्रम सं॰ | मतदाता झुंड | मतदाता संख्या |
---|---|---|
1 | मरद | 7.7 करोड़ |
2 | मेहरारू | 6.3 करोड़ |
3 | तिसरा लिंग | 6,983 |
कुल मतदाता | 14.05 करोड़ |
हाल के साल में उत्तर प्रदेश आ बाकी भारत के लोग अपना जाति के लोग के बिकास के साथे-साथ आर्थिक बिकास आ सामाजिक बिकास के ढेर महत्व देवे लागल बा। जुवा लोग, साक्षर आ पढ़ल लिखल होखे के कारण जाति के मुद्दा के साथ=साथ जॉब, सिक्योरिटी, बढ़ियाँ सिक्षा आ नीक जीवन स्तर खातिर भी वोट कर रहल बाटे। लोकसभा के आम चुनाव में 2014 में भाजपा के वोट देवे के पाछे इहे बिकास के आसा रहल।[11] अन्य मुख्य[12][13] आ जइसन की हर चुनाव में रहेला, जाति आ धर्म संबंधी बात चुनाव में वोटिंग के परभावित करिहें।[14] हालाँकि, प्रत्याशी लोग के कम्यूनल बिभेद के हवा देवे से रोके खातिर, सुप्रीम कोर्ट जाति, धरम आ भाषा के आधार पर वोट के ध्रुवीकरण करे के कोसिस पर रोक लगा दिहलस।[15]
19 फरवरी 2017 के परधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें, जब कब्रिस्तान बन रहल बाने ओही के साथ शमसान भी बने के चाहीं।[16] दिवाली आ रमजान में भेदभाव न होखे के चाहीं।[17]
4 जनवरी के 2017, चुनाव आयोग उत्तर प्रदेश (आ साथे-साथ गोवा, मणिपुर, पंजाब, आ उत्तराखंड में) चुनाव के कार्यक्रम के घोषणा कइलस। उत्तर प्रदेश में ई बिधानसभा चुनाव 11 फरवरी से 8 मार्च 2017 ले चलल। वर्तमान सरकार के कार्यकाल 27 मई 2017 के खतम होखी।[18]
चुनाव के रिजल्ट 11 मार्च 2017 के घोषित भइल।[19]
रिजल्ट के संछेप में बिबरन
Party | Alliance | Seats contested | Seats won | Seat change | Vote share | Swing |
---|---|---|---|---|---|---|
भारतीय जनता पार्टी | NDA | 384 | 312 | |||
Apna Dal (Sonelal) | NDA | 12 | 9 | |||
Suheldev Bharatiya Samaj Party | NDA | 7 | 4 | |||
समाजवादी पार्टी | SP+ | 298 | 47 | |||
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस | SP+ | 105 | 7 | |||
बहुजन समाज पार्टी | - | 403 | 19 | |||
राष्ट्रीय लोक दल | - | 131 | 1 | |||
भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी | Left | 90 | 0 | |||
भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (माले) | बाम | 50 | 0 | |||
भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी) | बाम | 27 | 0 | |||
AIMIM | - | 38 | 0 | |||
Apna Dal | Grand alliance | 150 | 0 | |||
पीस पार्टी | Grand Alliance | 150 | ||||
निषाद पार्टी | Grand Alliance | 100 | ||||
Nationalist Congress Party | - | |||||
Shiv Sena | - | 150 | ||||
Independents | n/a | |||||
Total | - | 0 | - |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.